[the_ad_group id="30365"]

Supreme Court: बीपीएससी अध्यक्ष के नियुक्ति के चुनौती, सुप्रीम कोर्ट बिहार सरकार से मंगलस जवाब

Supreme Court: बीपीएससी अध्यक्ष के नियुक्ति के चुनौती, सुप्रीम कोर्ट बिहार सरकार से मंगलस जवाब
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Supreme Court: सुप्रीम कोर्ट सोमार के बिहार सरकार के नोटिस जारी कइलस। ई नोटिस बिहार लोक सेवा आयोग के अध्यक्ष के नियुक्ति के चुनौती देवे वाला याचिका पs जारी भइल बा। जनहित याचिका वकील ब्रजेश सिंह दायर कइले बाड़ें। हालांकि पीठ कहलस कि याचिकाकर्ता के बीपीएससी से कवनो ताल्लुक नइखें आ उनका याचिका दायर कइला पs सवाल उठवलस।

एकरा के देखीं: NAZARIA| नज़रिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI

Supreme Court: याचिकाकर्ता के बीपीएससी से कवनो ताल्लुक नइखें

जस्टिस पीएस नरसिम्हा आ जस्टिस मनोज मिश्रा के पीठ कहलस कि बतौर वकील रउआ अइसन याचिका दायर करे से बचे के चाहीं, काहेकि राउर बीपीएससी से कवनो संबंध नइखे। हालांकि, याचिका पs सुप्रीम कोर्ट बिहार सरकार के नोटिस जारी कइले बा।

परमार रवि  के बीपीएससी अध्यक्ष के पद पs नियुक्ति के लेके नोटिस जारी कइलस
परमार रवि के बीपीएससी अध्यक्ष के पद पs नियुक्ति के लेके नोटिस जारी कइलस

पीठ एह ममिला में न्यायमित्र के नियुक्ति करे के निरदेस देलो बा। बीपीएससी के अध्यक्ष पद पs 15 मार्च 2024 के परमार रवि मनुभाई के नियुक्ति भइल रहे। याचिका में आरोप लगावल गइल रहे कि मनुभाई पs भ्रष्टाचार के आरोप बा आ उनका खिलाफ बिहार विजिलेंस ब्यूरो के जांच चल रहल बा। याचिका में दावा कइल गइल बा कि परमार बीपीएससी अध्यक्ष बने के आधारभूत शर्त तक पूरा नइखन करत।

Read Also: Murder: Chhapra में प्रेम प्रसंग में जुवक के हत्या, 2 आरोपी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]