युवा लो के महान हस्तियन के जीवन से प्रेरणा लेवे के चाहीं : अर्पिता उपाध्याय

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 3, 2024

आज दिनांक 03/09/24 (मंगर) के बाबू पुरुषोत्तम दास राधा रमण दास महाविद्यालय, कूड़ाघाट, गोरखपुर अउरी यायावरी वाया भोजपुरी के संयुक्त तत्वावधान में शो स्टॉपर प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के प्रारंभ मुख्य अतिथि के

Share

आज दिनांक 03/09/24 (मंगर) के बाबू पुरुषोत्तम दास राधा रमण दास महाविद्यालय, कूड़ाघाट, गोरखपुर अउरी यायावरी वाया भोजपुरी के संयुक्त तत्वावधान में शो स्टॉपर प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के प्रारंभ मुख्य अतिथि के ओर से मां सरस्वती के चित्र पs पुष्पांजलि आ दिया प्रज्वलन कऽ के कइल गइल। एह अवसर पs सरस्वती वंदना खुशी शर्मा एवं बबली पासवान आ स्वागत गीत अमृता कुमारी ओझा के साथे विनीता प्रस्तुत कइली। कार्यक्रम में मुख्य अतिथि स्वर संस्थान के अध्यक्ष अर्पिता उपाध्याय रहली।

मुख्य अतिथि के स्वागत गौरव मणि त्रिपाठी के ओर से स्मृति चिन्ह प्रदान कऽ के कइल गइल। मुख्य अतिथि छात्र लो के संबोधित करत घरी कहली कि युवा लो के महान हस्तियन के जीवन से प्रेरणा लेवे के चाहीं। अइसन आयोजनो से युवा पीढी के सीखने आ आगे बढ़े के प्रेरणा मिलेला। भोजपुरी भाषा आ संस्कृति मे एगो चुंबकीय आकर्षण बा। जवन अपना ओर आकर्षित करेला। हमनीं के आपन भाषा आ संस्कृति पs सदैव गर्व करे के चाहीं। कार्यक्रम के अध्यक्षता महाविद्यालय के उप-प्राचार्य डॉ. देवचंद प्रज्ञा के ओर से कइल गइल । उऽ छात्रन के संबोधित करत घरी कहली कि भोजपुरी संस्कृति, साहित्य, संस्कृति आ सभ्यता कवनो परिचय के मोहताज नइखे। एकर एगो समृद्ध इतिहास रहा है। भोजपुरी भाषा जन-जन के भाषा हऽ। भोजपुरी भाषा में अपना पन के मीठास बा।

Yayawari via Bhojpuri
“शो स्टॉपर”

एह अवसर पs आयोजित प्रतियोगिता के विजय प्रतिभागियन के मुख्य अतिथि के ओर से प्रमाण पत्र देके सम्मानित कइल गइल। प्रतियोगिता में पहिला पुरस्कार विष्णु, दूसरा पुरस्कार संध्या साहनी, तीसरका पुरस्कार शशि प्रकाश यादव आ सांत्वना पुरस्कार संदीप झा के मिलल। कार्यक्रम के संचालन यायावरी वाया भोजपुरी के मीनी उपाध्याय आ आभार ज्ञापन यायावरी वाया भोजपुरी के महाविद्यालय समन्वयक ज्योति यादव द्वारा कइल गइल। एह अवसर पs यायावरी वाया भोजपुरी के वरिष्ठ परियोजना अधिकारी गौरव मणि त्रिपाठी, सुधीर मिश्रा, सोनु किशोर, महाविद्यालय के शिक्षकगण, कर्मचारीगण आ छात्र-छात्राओ उपस्थित रहल।

“शो स्टॉपर” ( कुल २३ लोगन के रहल भागीदारी)

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.