26 जनवरी परेड में यूपी के झांकी बनल नंबर वन, का रहे खास बात… कइसे भइल चयन?

Anurag Ranjan


एह साल भारत 26 जनवरी के आपन 76वां गणतंत्र दिवस मनवलस। एह मवका पs कर्तव्य पथ पs भव्य परेड के आयोजन कइल गइल। कइयन गो सांस्कृतिक कार्यक्रम एह दौरान देखे के मिलल। एकरा अलावे गणतंत्र दिवस के मवका प कर्तव्य पथ पs कइयन राज्यन आ मंत्रालयन के झांकी निकालल गइल। एमे से बढ़के एक झाकीं रहली सs। बाकिर एमे से लोगन के सबसे जादे धेयान उत्तर प्रदेश के झांकी खींचलस।

उत्तर प्रदेश के झांकी लोगन के दिल जीत लेलस, जवन लोगन के सबसे पहिला पसंद बनल। उत्तर प्रदेश के झांकी के पीपल्स चॉइस अवार्ड कैटेगरी में पहिला स्थान मिलल। एकरा बाद दूसरका नंबर पs गुजरात के झांकी रहे। उत्तर प्रदेश के झांकी महाकुंभ’ पs रहे, जवन संपूर्ण विश्व में मानवता के अमूर्त सांस्कृतिक धरोहर महाकुंभ 2025- स्वर्णिम भारत विरासत आ विकास” के रूप में नजर आइल, जवना के लोग खूब आकर्षित कइल।

यूपी के झांकी में का रहे खास?

उत्तर प्रदेश के झांकी “महाकुंभ 2025” के स्वरूप के बयां कs रहल बा, जहां करोड़न श्रद्धालु आस्था के डुबकी लगावे पहुंच रहल बा। झांकी में सबसे आगे ‘अमृत कलश’ से बहत अमृत दिखावल गइल बा। फेर शंखनाद आ उनका आसपास खड़ा साधना करत साधु-संतन के दिखावल गइल बा। म्यूरल आर्ट आ LED स्क्रीन पs शाही स्नान खातिर जात अखाड़न आ श्रद्धालुअन के दर्शावल गइल।

झांकी के मिलल 40 प्रतिशत वोट

एकरा संगही झांकी में महाकुंभ के महत्व आ ऐतिहासिकता के देखावल गइल, संगही समुद्र मंथन से निकले वाला 14 रत्नन के झांकी में प्रदर्शित कइल गइल। एहिसे उत्तर प्रदेश के झांकी हर मायना में खास रहल आ नंबर वन बन गइल। लोग उत्तर प्रदेश के झांकी के वोटिंग में नंबर वन बनावल। झांकी के 40 प्रतिशत वोट मिलल आ उत्तर प्रदेश के महाकुंभ वाला झांकी पहिला स्थान पYs रहल। ओहिजा। दूसरका नंबर पs रहल गुजरात के झांकी के 35 प्रतिशत वोट मिलल।

Read Also: राजस्थान में लिव-इन रिलेशनशिप में रहेनी तs करावे के होई रजिस्ट्रेशन, जानीं हाईकोर्ट के नया आदेस

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।