[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में पेड़ से लटकत मिलल जुवक के लाश हत्या: जवना पेड़ पs लटकल मिलल रहे छोटे बेटा के लाश, ओहि पेड़ पs बड़ बेटो के मिलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में एगो जुवक के ओकरा घर से कुछ दूर पs गाछ से लटकत लाश मिलल बा। गगहा इलाका के मझगांवा में मिलल लाश के सूचना पावते पुलिस पहुंच गइल आ शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। परिवार के लोग हत्या के आशंका जतवले बा, जबकि पुलिस एकरा के सुसाइड मान रहल बिया।

SP साउथ अरुण सिंह के कहनाम बा कि, जुवक के शव के पोस्टमार्टम करावल जा रहल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बादे मौत के वजह पता चल सकी। जदि परिवार के ओर से कवनो  तहरीर मिलत बा तs केस दर्ज कs के कार्रवाई कइल जाई।

ग्रामीण लोग देखल लाश

दरअसल, गगहा इलाका के मझगांवा में मंगर के भोरे  कुछ ग्रामीण लोग गांव के बाहर बगइचा में गाछ से जुवक के शव लटकत देख हल्ला मचावल लो। बहुते संख्या में लोग मवका पs पहुंच गइल। सूचना पुलिस के दिहल गइल। गगहा थाना प्रभारी संदीप कुमार सिंह बतवले कि मृतक के पहचान मझगांवा निवासी राज सिंह (22) पुत्र नरेंद्र सिंह के रूप में भइल बा।

साँझ में घर से निकलल रहे राज

पिता नरेंद्र सिंह के कहनाम बा कि 22 साल के बेटा राज सोमार साँझ के लमसम 7 बजे घर से निकलल, बाकिर देर रात बेटा घरे वापस ना आइल। परिजन लोग बहुते खोजबीन कइल, ना मिलला पs ई सोचके वापस आ गइल लो कि राज शायद सबेरे घरे लवट आइल।

एही गाछ पs लटकल मिलल रहे छोटे बेटा के लाश

जुवक के पिता नरेंद्र सिंह के तीन गो लईका रहे लो। कुछ साल पहिलहू नरेंद्र सिंह के सबसे छोटे लईका के शव ओहि गाछ पs लटकत मिलल रहे, जवना पs मंगर के सबेरे मझला बेटा राज के शव मिलल बा। ओहिजा पिता नरेंद्र के सबसे बड़ बेटा के मानसिक संतुलन कुछ सालन से ठीक नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]