Gorakhpur School Winter Holiday: शीतलहर के कहर के चलते स्कूलन में बढ़ल छुट्टी, डीएम के आदेश

Minee Upadhyay
शीतलहर के कहर के चलते स्कूलन में बढ़ल छुट्टी
- Sponsored Ads-

गोरखपुर में शीतलहर अवुरी भयंकर ठंड के चलते अब जिला प्रशासन के ओर से 8 तक के सभ स्कूल के छुट्टी 18 जनवरी तक बढ़ा दिहल गईल बा। डीएम कृष्ण करुणेश बच्चा के सुरक्षा के ध्यान में राखत इs फैसला लेले बाड़े। कक्षा-9 से 12 तक के कक्षा प्रातः 10:00 बजे से दुपहरिया 03:00 बजे के मध्य संचालित कइल जाई।

गोरखपुर में ठंड आ शीतलहर के लहर के देखत ई फैसला लिहल गइल. जिला के कक्षा 8 तक के सभ स्कूल 18 जनवरी ले बंद रहे के आदेश दिहल गईल बा। एह फैसला से हजारों विद्यार्थियन के राहत मिली, काहे कि तापमान में गिरावट आ शीतलहर के चलते सबेरे स्कूल जाए में दिक्कत होइत.

- Sponsored Ads-

अगर कवनो स्कूल खुलल मिलल तs कार्रवाई होई
डीएम कड़ा निर्देश देले बाड़े कि छुट्टी के दौरान कवनो स्कूल खुलल मिलल तs ओकरा खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई कईल जाई। साथही स्कूलन के निर्देश दिहल गइल बा कि लइकन के स्कूल में जबरन ना आवे के कहल जाव 18 जनवरी के बाद स्कूल खोले के फैसला मौसम के स्थिति के ध्यान में राखत लिहल जाई।शीतलहर के चलते स्कूल बंद बा गोरखपुर में शीतलहर पिछला कुछ दिन से लगातार बढ़ रहल बा। ठंडा हवा जिला के घेर लेले बा।

इहो पढ़ीं: IBPS PO आ क्लर्क भर्ती परीक्षा 2025 के कैलेंडर जारी, देखी पूरा डिटेल

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment