Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एच पी डिफेंस एकेडमी देलस शत प्रतिशत परिणाम, विद्यार्थियन के सानदार प्रदर्शन से उत्साह

3,387

एच पी डिफेंस एकेडमी, गोरखपुर के सीबीएससी बोर्ड के हाईस्कूल के परीक्षा में शतप्रतिशत परिणाम से उत्साहित एच पी डिफेंस एकेडमी, के निदेशक, कर्नल बी.पी. शाही आ श्रीमती अर्चना शाही सब टॉपर्स के बधाई दिहल लो आ ओह लोगन के भविष्य के प्रयासन में सफल होखे खातिर आपन आशीर्वाद दिहल लो।

नब्बे प्रतिशत से जादे अंक प्राप्त करे वाला विद्यार्थियन में सामिल नबीहा अशरफ (96.4%), जोविता त्रिपाठी (95.6%), ज्ञानेश शुक्ला (93.6%) , आयुष अग्रहरी (93%), कृतिका नाथ (92.8%), अदिति त्रिपाठी (90.2%) समेत सब विद्यार्थी लोग कहल कि हमनी के अपना माई-बाबूजी के सहजोग आ प्राचार्य श्री कमल थापा के प्रेरणा से ई सफलता हासिल कइले बानी सs।

हमनी के अपना गुरु प्रशांत सर, रंजना मैडम, विजय सर, अनामिका मैडम आ हमनी के स्कूल के सब शिक्षकन के विशेष रूप से धन्यवाद देहल चाहत बानी सs जे हमनी के अपना लक्ष्य/लक्ष्य के करीब एगो डेग आगे बढ़ावे खातिर मार्गदर्शन कइल।

545510cookie-checkएच पी डिफेंस एकेडमी देलस शत प्रतिशत परिणाम, विद्यार्थियन के सानदार प्रदर्शन से उत्साह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.