एच पी डिफेंस एकेडमी देलस शत प्रतिशत परिणाम, विद्यार्थियन के सानदार प्रदर्शन से उत्साह

By Anurag Ranjan

Published on: May 15, 2023

एच पी डिफेंस एकेडमी, गोरखपुर के सीबीएससी बोर्ड के हाईस्कूल के परीक्षा में शतप्रतिशत परिणाम से उत्साहित एच पी डिफेंस एकेडमी, के निदेशक, कर्नल बी.पी. शाही आ श्रीमती अर्चना शाही सब टॉपर्स के बधाई दिहल

Share

एच पी डिफेंस एकेडमी, गोरखपुर के सीबीएससी बोर्ड के हाईस्कूल के परीक्षा में शतप्रतिशत परिणाम से उत्साहित एच पी डिफेंस एकेडमी, के निदेशक, कर्नल बी.पी. शाही आ श्रीमती अर्चना शाही सब टॉपर्स के बधाई दिहल लो आ ओह लोगन के भविष्य के प्रयासन में सफल होखे खातिर आपन आशीर्वाद दिहल लो।

नब्बे प्रतिशत से जादे अंक प्राप्त करे वाला विद्यार्थियन में सामिल नबीहा अशरफ (96.4%), जोविता त्रिपाठी (95.6%), ज्ञानेश शुक्ला (93.6%) , आयुष अग्रहरी (93%), कृतिका नाथ (92.8%), अदिति त्रिपाठी (90.2%) समेत सब विद्यार्थी लोग कहल कि हमनी के अपना माई-बाबूजी के सहजोग आ प्राचार्य श्री कमल थापा के प्रेरणा से ई सफलता हासिल कइले बानी सs।

हमनी के अपना गुरु प्रशांत सर, रंजना मैडम, विजय सर, अनामिका मैडम आ हमनी के स्कूल के सब शिक्षकन के विशेष रूप से धन्यवाद देहल चाहत बानी सs जे हमनी के अपना लक्ष्य/लक्ष्य के करीब एगो डेग आगे बढ़ावे खातिर मार्गदर्शन कइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.