JP यूनिवर्सिटी के DSW बनलें डॉक्टर राणा बिक्रम : प्रो. उदय शंकर ओझा देलें इस्तीफा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 11, 2024

छात्रन के आरोप आ मेधा सूची में गड़बड़ी के आरोप के बाद जय प्रकाश विश्वविद्यालय के डीएसडब्ल्यू के बदल दिहल गइल बा। जेपीयू के जंतु विज्ञान विभाग के अध्यक्ष डॉ. राणा विक्रम सिंह के छात्र

Share

छात्रन के आरोप आ मेधा सूची में गड़बड़ी के आरोप के बाद जय प्रकाश विश्वविद्यालय के डीएसडब्ल्यू के बदल दिहल गइल बा। जेपीयू के जंतु विज्ञान विभाग के अध्यक्ष डॉ. राणा विक्रम सिंह के छात्र कल्याण विभाग के अध्यक्ष बनावल गइल बा। एकरा पहिले प्रोफेसर उदय शंकर ओझा छात्र कल्याण विभाग के अध्यक्ष के प्रभार में रहस। कुलपति के निरदेस पs रजिस्ट्रार प्रोफेसर नारायण दास एह संदर्भ में नोटिफिकेशन जारी कइलें बाड़ें।

स्नातक सत्र 2024-28 में नामांकन के प्रक्रिया जारी

मालूम होखे कि एह समय विश्वविद्यालय में स्नातक सत्र 2024-28 में नामांकन के प्रक्रिया चल रहल बा। हालांकि, नामांकन के तीसरको सूची में भारी गड़बड़ी होखला के बाद छात्र-छात्रा लगातार एकर शिकायत छात्र कल्याण विभाग में करत रहे लो। एही बीच डीएसडब्ल्यू प्रो. यूएस ओझा के इस्तीफा देले के बाद डॉक्टर राणा विक्रम के छात्र कल्याण विभाग के नया अध्यक्ष बनावल गइल बा। उनका सोझा पारदर्शिता के संगे नामांकन प्रक्रिया पूरा करावे के चुनौती रही। कुल सचिव सनीचर के देर सांझ पत्र जारी करत राणा विक्रम सिंह के अध्यक्ष बनवलें बाड़ें।

मेधा सूची में गड़बड़ी के बाद देले रहस इस्तीफा

जेपी यूनिवर्सिटी में कुलपति प्रमेंद्र कुमार बाजपेयी के जॉइन कइला के बाद लगातार नया-नया प्रयोग कइल जा रहल बा। सीबीसीएस पैटर्न में सत्र 2024-28 खातिर नामांकन में मात्र 27 हजार छात्रन के नाम आ सकल बा। 36 हजार सीटन पs 31 हजार आवेदन आइल रहे। तिसरका मेधा सूची में भारी गड़बड़ी सामने आइल रहे। एकरा के लेके डीएसडब्लू प्रो. उदय शंकर ओझा इस्तीफा दे देले रहस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.