[the_ad_group id="30365"]

School Close: गोरखपुर में गर्मी के छुटियन में संचालित होत स्कूल मिली तऽ होई कार्रवाई, शिक्षा विभाग जारी कइलस ई आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

School Close: गोरखपुर के सरकारी आ निजी स्कूलन में गर्मी के छुटी हो चुकल बा। कुछ निजी विद्यालय अइसन बाड़ी सन जवन कक्षा 1-8 तक के बच्चन के छुट्टी तऽ कऽ देले बाड़ी सन बाकिर नौ से 12 तक के कक्षा संचालित कर रहल बाड़ी सन। कुछ स्कूल तऽ रेमेडियल क्लास के नांव पs पांच से आठ तक के पढ़े में कमजोर कई गो छात्र-छात्रा के चिह्नित कऽ के उनकर सूची बना के अतिरिक्त कक्षा संचालित कर रहल बाड़े।

उपचारात्मक (रेमेडियल) कक्षा के नांव पs स्कूल खोलके कक्षा संचालित करे वाला स्कूलन के बीएसए कार्रवाई के चेतावनी देलस। डीआइओएस जनपद में भीषण गर्मी आ लू के देखत 20 जून तक मे कक्षा ना संचालित करे के निर्देश देले बा। साथही कहल गइल बा कि आदेश के अनुपालन ना करे वालो स्कूलन के विरुद्ध बड़ कार्रवाई कइल जाई।

गोरखपुर के सरकारी आ निजी स्कूलन में गर्मी के छुटी हो चुकल बा। कुछ निजी विद्यालय अइसन बाड़ी सन जवन कक्षा 1-8 तक के बच्चन के छुट्टी तऽ कऽ देले बाड़ी सन बाकिर नौ से 12 तक के कक्षा संचालित कर रहल बाड़ी सन। कुछ स्कूल तऽ रेमेडियल क्लास के नांव पs पांच से आठ तक के पढ़े में कमजोर कई गो छात्र-छात्रा के चिह्नित कऽ के उनकर सूची बना के अतिरिक्त कक्षा संचालित कर रहल बाड़े।

डीआइओएस डा.अमरकांत सिंह कहले कि ग्रीष्मावकाश के बादो जनपद में कुछ निजी विद्यालयन के ओर से कक्षा संचालित करे जाए के जानकारी मिल रहल बा। निरीक्षण के दौरान जदि कवनो स्कूल में अइसन मामला पावल जाई तऽ संबंधित के विरुद्ध विभागीय कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]