Nitin Gadkari: सड़क हादसन के पीड़ितन खातिर केंद्रीय मंत्री के एलान, मिली 1.5 लाख रुपिया तक के कैशलेस उपचार

Anurag Ranjan
केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी का बड़ा एलान


अब सड़क हादसन के पीड़ितन के केंद्र सरकार बड़ राहत देवे जा रहल बा। सड़क हादसन में घायल होखे वालन के कैशलेस उपचार मिल सकी। केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी कैशलेस उपचार योजना के एलान कइलें। एकरा तहत हादसन के पीड़ितन के सात दिन के इलाज के 1.5 लाख रुपिया के खर्च सरकार वहन करी। केंद्रीय मंत्री कहलें कि अगर पुलिस के हादसा के 24 घंटा के भीतर सूचना दे दिहल जात बा तs सरकार इलाज के खर्चा उठाई। एकरा संगही ऊ हिट एंड रन के ममिलन में पीड़ित परिवारन के दु लाख रुपिया तक मुआवजा देवे के घोषणा कइलें।

मंगर के केंद्रीय सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी भारत मंडपम में सब राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के परिवहन मंत्रियन के संगे बैठक कइले रहस। एमे परिवहन संबंधी नीतियन आ केंद्र आउर राज्य के बीच सहजोग के लेके चरचा कइल गइल। बैठक के बाद केंद्रीय मंत्री कहलें कि हमनी के कैशलेस उपचार के योजना सुरू कइले बानी सs। एकरा तहत जदि दुर्घटना होखला के 24 घंटा के भीतर पुलिस के सूचना दिहल जात बा तs हमनी के भरती होखे वाला मरीज के सात दिनन के इलाज के खर्च आ इलाज खातिर अधिकतम 1.5 लाख रुपिया तक दिहें। एकरा संगही हम हिट एंड रन ममिलन के मृतकन के दु लाख रुपिया देम सs।

केंद्रीय मंत्री कहलें कि सड़क सुरक्षा सरकार के सर्वोच्च प्राथमिकता बा। 2024 में लगभग 1.80 लाख लोगन के सड़क हादसन में जान चल गइल। एमे से 30 हजार मौत हेलमेट ना पहनला के कारण भइल। संगही 66 फीसदी दुर्घटना 18 से 34 साल उमिर के लोगन के संगे भइल। एकरा अलावे स्कूल-कॉलेजन आ शैक्षिणिक संस्थानन के लगे प्रवेश आ निकास बिंदुअन पs बेवस्था ना होखला से हादसन में 10 हजार लईकन के मौत हो गइल। ऊ कहलें कि स्कूलन के ऑटो रिक्शा आ मिनी बसन खातिर नियम बनावल गइल बा। हमनी के एकरा के कम करे के कोसिस करेम सs।

छह राज्यों में चलाया गया था पायलट प्रोजेक्ट

सड़क हादसन में त्वरित उपचार मुहैया करावे खातिर केंद्रीय सड़क परिवहन राजमार्ग मंत्रालय छव राज्यन में कैशलेस उपचार योजना के पायलट प्रोजेक्ट के तौर पs लागू कइल गइल रहे। केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी कहलें कि असम, पंजाब, हरियाणा, चंडीगढ़, उत्तराखंड आ पुडुचेरी में पायलट प्रोजेक्ट के तौर पs ई योजना सफल रहल बा। अभी ले एकरा माध्यम से 2100 लोगन के जान बचावल गइल बा। अब एकरा के पूरा देस में लागू कइल जा रहल बा।

Read Also: Jasprit Bumrah: ‘ICC प्लेयर ऑफ द मंथ’ अवॉर्ड खातिर नामित जसप्रीत बुमराह, ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ चटकवलें 32 विकेट

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment