[the_ad_group id="30365"]

द्वि-साप्ताहिक ट्रेन के विशाखापट्टनम से बनारस तक होई परिचालन: दक्षिण भारत के संगे-संगे छपरा के यात्रियन के मिली सुविधा, 22 नवंबर से होई सुरुआत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे प्रशासन के ओर से यात्री जनता के सुविधा खातिर 18311/18312 बनारस-सम्बलपुर द्वि-साप्ताहिक एक्सप्रेस के मार्ग विस्तार विशाखापट्टनम स्टेशन तक करे के निर्णय लिहल गइल बा। ई ट्रेन बनारस-विशाखापट्टनम द्वि-साप्ताहिक एक्सप्रेस के नाम से विशाखापट्टनम से 22 नवंबर से प्रत्येक बुध आ अतवार के आ बनारस से 23 नवंबर, 2023 से हर बियफे आ सोमार के कइल जाई।

ई ट्रेन दक्षिण भारत खातिर प्रमुख ट्रेनन में से एगो बा। एकरा संचालन से छपरा आ आसपास के यात्रियन के दक्षिण भारत के यात्रा में सहूलियत मिलेला। दक्षिण भारत के यात्रा खातिर ऑन रुट यात्री कनेक्टिंग ट्रेन के माध्यम से एह ट्रेन में सफर करी लो। ई जानकारी रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें।

18311 विशाखापट्टनम-बनारस द्वि-साप्ताहिक एक्सप्रेस 22 नवंबर, 2023 से हर बुध आ आतवार के विशाखापट्टनम से 04:20 बजे प्रस्थान कs के कोत्तवलसा से 04:52 बजे, विजयनगरम से 05:22 बजे, बोब्बिलि से 06:10 बजे, पार्वतीपुरम से 06:32 बजे, रायगड़ से 07:15 बजे, मुनिगुड़ा से 08:14 बजे, केसिंगा से 09:18 बजे, टिटिलागढ़ से 09:45 बजे, बलांगीर से 10:37 बजे, बरगढ़ रोड से 11:37 बजे, सम्बलपुर से 13:05 बजे आ झारसुगुड़ा से 14:05 बजे छूटके दूसरकादिन बनारस 09:25 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 18312 बनारस-विशाखापट्टनम द्वि-साप्ताहिक एक्सप्रेस 23 नवम्बर, 2023 से हर बियफे आ सोमार के बनारस से 15:00 बजे प्रस्थान कs के दूसरका दिन झारसुगुड़ा से 09:25 बजे, सम्बलपुर से 10:25 बजे, बरगढ़ रोड से 11:12 बजे, बलांगीर से 12:07 बजे, टिटिलागढ़ से 13:15 बजे, केसिंगा से 13:37 बजे, मुनिगुड़ा से 14:47, रायगड़ से 16:12 बजे, पार्वतीपुरम से 16:52 बजे, बोब्बिलि से 17:15 बजे, विजयनगरम से 18:07 बजे आ कोत्तवलसा से 18:35 बजे छूटके विशाखापट्टनम 19:30 बजे पहुंची। सम्बलपुर-बनारस-सम्बलपुर के बीच एह गाड़ी के ठहराव आ समय यथावत रही।

एह गाड़ी में जनरेटर सह लगेज यान के 01 कोच, एल.एस.एल.आर.डी. के 01 कोच, साधारण द्वितीय श्रेणी के 06 कोच, शयनयान श्रेणी के 08 कोच, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 04 कोच आ वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 01 कोच कोच सहित कुल 21 कोच लगावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]