JPU में PG 3rd-4th परीक्षा खातिर नोटिफिकेशन जारी: 5 दिसंबर से भरल जा सकी फार्म

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 30, 2024

छपरा के जेपी यूनिवर्सिटी में पीजी थर्ड आ फोर्थ सेमेस्टर के एग्जाम के लेके फॉर्म भरे के नोटिफिकेशन जारी कs दिहल गइल बा। विश्वविद्यालय के परीक्षा विभाग पीजी सत्र 2020-22 फोर्थ सेमेस्टर आ सत्र 2021-23

Share

जेपीयू में पीजी 3rd आ 4th सत्र खातिर जारी भइल नोटिफिकेशन

छपरा के जेपी यूनिवर्सिटी में पीजी थर्ड आ फोर्थ सेमेस्टर के एग्जाम के लेके फॉर्म भरे के नोटिफिकेशन जारी कs दिहल गइल बा। विश्वविद्यालय के परीक्षा विभाग पीजी सत्र 2020-22 फोर्थ सेमेस्टर आ सत्र 2021-23 के थर्ड सेमेस्टर के फॉर्म भरल जाये के बा।

दुनो सेमेस्टर के एक संगे पांच दिसंबर से फॉर्म भरे खातिर तिथि जारी भइल बा। ऑफ लाइन फॉर्म सब्मिट करे के अंतिम तिथि 11 दिसंबर तक रखल गइल बा। जेपीयू के ऑफिसियल वेबसाइट से फॉर्म डाउनलोड कs के ऑफ लाइन मोड में भरे के होई।

पांच दिसंबर से भरल जाई फॉर्म

परीक्षा नियंत्रक डॉ अशोक कुमार मिश्रा बतवलें कि दुनो सत्रन के परीक्षा खातिर फॉर्म पांच दिसंबर से भरल जाई। फॉर्म भरे के अंतिम तिथि 11 दिसंबर तक निर्धारित बा। फॉर्म ऑफलाइन मोड में भरल जाई। एकरा खातिर पहिले छात्रन के विश्वविद्यालय के वेबसाइट पs जाके स्टूडेंट कॉर्नर से परीक्षा फॉर्म डाउनलोड करे के होई।

ओकरा बाद ओकरा के प्रिंट करा के ओमे सब प्रविष्टियन के सही-सही भरला के बाद जरूरी अकादमिक कागजातन के संलग्न करे के होई। एकरा बाद फॉर्म निर्धारित अवधि में संबंधित पीजी कॉलेजन आ जेपीयू के पीजी विभागन में सत्यापित करे के होई।

सात सौ रुपिया लागी परीक्षा शुल्क

जवना के बाद निर्धारित शुल्क के संगे फॉर्म जमा कइल जाई, पीजी थर्ड सेमेस्टर खातिर सैद्धांतिक विषय खातिर सात सौ रुपिया शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। ओहिजा जवना विषयन में प्रैक्टिकल बा ओमे नौ सौ रुपिया शुल्क निर्धारित बा।

जबकि पीजी फोर्थ सेमेस्टर में सैद्धांतिक विषयन खातिर नौ सौ आ जवना विषयन में प्रैक्टिकल बा, ओकरा खातिर 11 सौ रुपिया शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि सब कॉलेजन आ पीजी विभागन के नोटिस बोर्ड पs फॉर्म संबंधित जानकारी चिपका दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.