[the_ad_group id="30365"]

एशियन चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी: भारत पाकिस्तान के 4-0 से हरवलस: टेबल के टॉप पs आइल, PAK बाहर; कप्तान हरमनप्रीत दगलें डबल गोल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय हॉकी टीम एशियन चैंपियंस ट्रॉफी में पाकिस्तान के 4-0 से हरा देले बा। ई भारत के पाकिस्तान पs ओवरऑल 65वां जीत बा। दुनो के बीच अभी ले कुल 83 मुकाबला खेलल गइल बा।

चेन्नई के मेयर राधाकृष्णन स्टेडियम में मिलल एह जीत से भारतीय टीम पॉइंट्स टेबल में टॉप पोजिशन हासिल कs लेले बा। टीम लीग स्टेज में अजेय रहल। टीम इंडिया 5 में से 4 मुकाबला जीतल, जबकि एगो ड्रॉ रहल।

भारतीय टीम के सेमीफाइनल मुकाबला जापान से 11 अगस्त के एही मैदान पs खेलल जाई।

बुध के भइल मैच में भारतीय कप्तान हरमनप्रीत सिंह डबल गोल दगलें। ऊ 23वां आ 15वां मिनट में पेनल्टी कॉर्नर पs गोल कइलें। एक-एक गोल जुगराज सिंह आ आकाशदीप सिंह के स्टिक से आइल। जुगराज मुकाबला के 36वां मिनट में पेनल्टी पs गोल कइलें, जबकि आकाशदीप सिंह 55वां मिनट में फील्ड गोल कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]