बसपा के नेशनल कोऑर्डिनेटर आ उत्तराधिकारी पद से हटावल गइले आकाश आनंद, मायावती एह कारण से लेली ई फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: May 8, 2024

Uttar Pradesh poltics: बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के प्रमुख मायावती (Mayawati) पार्टी के हित के ध्यान में राखत बड़ फैसला लेले बाड़ी। दरअसल मायावती आपन भतीजा आकाश आनंद के सब पदन से हटा देले बाड़ी

Share

Uttar Pradesh poltics: बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के प्रमुख मायावती (Mayawati) पार्टी के हित के ध्यान में राखत बड़ फैसला लेले बाड़ी। दरअसल मायावती आपन भतीजा आकाश आनंद के सब पदन से हटा देले बाड़ी अब आकाश आनंद मायावती के उत्तराधिकारीयो ना रहिहे। मायावती एक्स पs पोस्ट में एकर जानकारी देली। उऽ पोस्ट में आकाश आनंद के अपरिपक्व नेता कहली।

बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के प्रमुख मायावती (Mayawati) पार्टी के हित के ध्यान में राखत बड़ फैसला लेले बाड़ी। दरअसल मायावती आपन भतीजा आकाश आनंद के सब पदन से हटा देले बाड़ी अब आकाश आनंद मायावती के उत्तराधिकारीयो ना रहिहे। मायावती एक्स पs पोस्ट में एकर जानकारी देली। उऽ पोस्ट में आकाश आनंद के अपरिपक्व नेता कहली।

 

आकाश आनंद आतंकवादी से कइले रहले भाजपा के तुलना

गौरतलब बा कि सीतापुर में बीएसपी जनसभा के संबोधित करत घरी मायावती के भतीजा आकाश भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के तुलना आतंकवादी से कइले रहले, जवना के बाद आकाश आनंद (Akash Anand) पs मुकदमो दर्ज कइल गइल रहे आ ओकरा बाद सब जनसभा आ चुनावी कार्यक्रम स्थगित कऽ दिहल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.