एक्टर पंकज त्रिपाठी दुनिया के दिखइहें मध्य प्रदेश; MP पर्यटन के ब्रांड एंबेसडर बनलें कालीन भैया

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2024

MP Tourism: मध्य प्रदेश में घूमे-फिरे खातिर तरे-तरे के चीज बा। इहां पs दुनिया भर से सैलानी घूमे आवेला लो, ओरछा के राजा राम मंदिर होखे भा फेर चंदेरी के गेट भा फेर खजुराहों के

Share

actor pankaj tripathi

MP Tourism: मध्य प्रदेश में घूमे-फिरे खातिर तरे-तरे के चीज बा। इहां पs दुनिया भर से सैलानी घूमे आवेला लो, ओरछा के राजा राम मंदिर होखे भा फेर चंदेरी के गेट भा फेर खजुराहों के नक्काशी होखs सs हर केहू एकरा के पसंद करेला। सरकार पर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर तरे-तरे के काम कs रहल बिया। एही  बीच एगो बड़ खबर सामने आइल बा। बता दीं कि दुनिया भर में एमपी के पर्यटन के बढ़ावे खातिर अब एक्टर पंकज त्रिपाठी के साथ मिल गइल बा। सरकार पंकज त्रिपाठी के पर्यटन के ब्रांड एंबेसडर बनवले बिया।

बनलें ब्रांड एंबेसडर

मध्य प्रदेश सरकार एक्टर पंकज त्रिपाठी के पर्यटन विभाग के ब्रांड एंबेसडर बनवले बिया। ई जिम्मेदारी मिलला के बाद पंकज त्रिपाठी कहलें कि हम मध्य प्रदेश पर्यटन के चेहरा के रूप में चुनल गइला पs बेहद सम्मानित महसूस कs रहल बानी, मध्य प्रदेश हमरा खातिर खाली एगो गंतव्य नइखे, ई एगो अइसन जगह बा जवन व्यक्तिगत आ बेवसायिक रूप से अनगिनत इयादन आ कनेक्शन रखेला, मध्य प्रदेश के सुंदरता के दुनिया के सामने ले आवे खातिर बहुते उत्साहित आ खुस बानी, संगही संगे कहलें कि यात्रा से इंसान के देखे आ सोचे के तरीका बदलत बा आ जिनगी में समृद्धि आवत बा।

Bihar Women’s ACT Hockey : थाईलैंड पs भारत के जीत में दीपिका के महत्वपूर्ण भूमिका, अगिला मुकाबला चीन के खिलाफ

एकरा अलावा ऊ कहलें कि हम राज्य के सुंदरता के दुनिया के सामने देखावे में मदद करे खातिर उत्साहित बानी। अछूता प्राकृतिक आश्चर्यन से लेके राजसी वास्तुशिल्प स्थलन आ जीवंत वन्य जीवन तक, एमपी में हर यात्री खातिर कुछ ना कुछ बा, हम बिदेस यात्रा के तुलना में भारत के अपना खजानन के खोज में प्राथमिकता देले बानी आ वास्तव में देस में घूमे खातिर सबसे उल्लेखनीय जगहन में से एमपी एगो बा।

कs चुकल बाड़ें शूटिंग 

पंकज त्रिपाठी के मानीं तs उनका एमपी बहुते पसंद बा। हाले में रीलीज भइल स्त्री 2 फिल्म, एकरा अलावे ‘लुक्का छुपी’, आ ‘Oh My God 2’ जइसन फिल्मन के शूटिंग ऊ मध्य प्रदेश में कइले रहस। एह दौरान ऊ प्रदेश के कइयन जगहन पs गइल रहस। मध्य प्रदेश के पंकज त्रिपाठी आपन दूसरका घर मानेलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.