मणिपुर समेत 5 राज्यन के राज्यपाल बदलले, आरिफ मोहम्मद खान के बिहार के प्रभार, देखीं लिस्ट

Minee Upadhyay
बिहार समेत कई राज्यन के राज्यपाल बदलले

देश के कई राज्यन के राज्यपाल में बदलाव भइल बा. बिहार, ओडिशा, मिजोरम, केरल, मणिपुर के राज्यपाल में बदलाव हो गइल बा. भारत के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू रघुबर दास के ओडिशा के राज्यपाल पद से इस्तीफा मान लिहले बाड़न.एकरा संगे राष्ट्रपति 5 राज्य में नयका राज्यपाल के नियुक्ति भी कईले बाड़े। बता दीं कि राष्ट्रपति अजय कुमार भल्ला के मणिपुर के राज्यपाल नियुक्त कइले बाड़न. एकरा संगे अब केरल के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान के बिहार के राज्यपाल बनावल गईल बा।


(i) मिजोरम के राज्यपाल डॉ. हरि बाबू कंभमपति के ओडिशा के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल।
(ii) जनरल (डॉ.) विजय कुमार सिंह, पीवीएसएम, एवीएसएम, वाईएसएम (सेवानिवृत्त) के मिजोरम के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल।
(iii) बिहार के राज्यपाल राजेंद्र विश्वनाथ अर्लेकर के केरल के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल।

(iv) केरल के राज्यपाल आरिफ मोहम्मद खान के बिहार के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल।

(v) अजय कुमार भल्ला के मणिपुर के राज्यपाल नियुक्त कइल गइल.

अजय भल्ला देश के गृह सचिव रहल बाड़े
राष्ट्रपति के ओर से हिंसाग्रस्त राज्य मणिपुर के राज्यपाल पद के जिम्मेवारी अजय कुमार भल्ला के दिहल गईल बा। जानकारी खातिर बता दीं कि अजय कुमार भल्ला भारत के पूर्व गृह सचिव हउवें. अइसना में उनकर मणिपुर के राज्यपाल बनल बहुते जरूरी मानल जाला. एक साल से अधिका समय से हिंसा से जूझत मणिपुर में शांति के प्रयास में अजय कुमार भल्ला अहम भूमिका निभा सकतारे।

जनरल वी के सिंह के मिजोरम के प्रभार दिहल गइल

भारतीय सेना प्रमुख रहल जनरल वीके सिंह के मिजोरम के राज्यपाल बनावल गइल बा. बता दीं कि जनरल वीके सिंह एहसे पहिले भारतीय जनता पार्टी के सांसद आ केंद्र सरकार में मंत्री रहल बाड़े हालांकि साल 2024 में भईल लोकसभा चुनाव में उनुका के मैदान में ना उतारल गईल।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! पढ़ी युसूफ़ ख़ान के दिलीप कुमार बनले के पूरा सफर

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment