कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री आ पूर्व विदेश मंत्री एस एम कृष्णा के निधन

Minee Upadhyay
कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री एस एम कृष्णा के निधन

कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल आ पूर्व विदेश मंत्री रहल एस एम कृष्णा के निधन 92 साल के उमिर में हो गइल. आजु उनकर निधन बेंगलुरु में अपना घर पs हो गइल. उs बहुत दिन से बेमार रहले।  2023 में केंद्र सरकार एसएम कृष्ण के पद्म विभूषण से सम्मानित कइलस। वर्तमान में उs भाजपा से जुड़ल रहले।  एसएम कृष्णा के निधन पs राज्य के मुख्यमंत्री समेत बहुत भाजपा अवुरी कांग्रेस के नेता दुख जतवले बाड़े।

1999 से 2004 ले रहले कर्नाटक के मुख्यमंत्री 

एस एम कृष्णा कबो कर्नाटक में कांग्रेस के बड़का नेता रहले अवुरी राज्य के राजनीति में उनुकर बहुत प्रभाव रहे।  उs 1999 से 2004 ले कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहले। बाद में मनमोहन सिंह के नेतृत्व में कांग्रेस सरकार में विदेश मंत्री भी बनल रहलें। मार्च 2017 में कांग्रेस छोड़ के भाजपा में शामिल हो गईले। 

राजनीतिक पारी 1960 में शुरू भईल रहे
एसएम कृष्णा 1960 के आसपास आपन राजनीतिक पारी शुरू कईले रहले। 1962 में मद्दूर विधानसभाकृष्णाs निर्दलीय उम्मीदवार के रूप में लड़ले अवुरी कांग्रेस के उम्मीदवार के हरा के चुनाव जीतले। एकरा बाद उs प्रजा सोशलिस्ट पार्टी में शामिल भईले अवुरी 1968 में मंड्या लोकसभा सीट के उपचुनाव जीतले। एकरा बाद एसएम कृष्णा कांग्रेस में शामिल भईले अवुरी 1971 में मंड्या लोकसभा सीट से फेर से चुनाव जीतले। 

महाराष्ट्र के राज्यपाल भी रहले एम.एम कृष्णा
1985 में एसएम कृष्णा फेर से प्रदेश के राजनीति में वापस आ गईले अवुरी विधानसभा चुनाव लड़ले। उs 1999 से 2004 ले राज्य के मुख्यमंत्री रहले। दिसंबर 2004 से मार्च 2008 ले महाराष्ट्र के राज्यपाल रहले। एसएम कृष्णा मनमोहन सिंह सरकार में विदेश मंत्री के पद पs भी रहले। जनवरी 2023 में एसएम कृष्ण घोषणा कईले रहले कि अब उs एक्टिव पॉलिटिक्स में ना रहीहे।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।