[the_ad_group id="30365"]

Crime: 300 रुपिया में ऑनलाइन खरीद के टी-शर्ट दोस्त के दिहलस, बाकिर फेर का भइल…

Crime news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के नागपुर में 300 रुपिया में ऑनलाइन खरीदल टीशर्ट के लेके विवाद के बाद एगो हिस्ट्री-शीटर ​​के हत्या कs दिहल गईल।  एह घटना से पूरा इलाका में हलचल मच गइल बा.  फिलहाल पुलिस मामला दर्ज क के दु भाई के गिरफ्तार कs लेले बिया।  सोमार के एगो पुलिस अधिकारी इs जानकारी देले।

जान लीं कि पूरा बात का बा

घटना शांतीनगर पुलिस थाना अंतर्गत कावरापेठ इलाका के हs। आरोपी अक्षय असोले एगो टीशर्ट 300 रुपिया में खरीद के शुभम हरणे के देले रहले काहे कि ओकर साइज उनुका फिट ना रहे।  हालांकि शुभम टीशर्ट के पईसा देवे से परहेज करत रहले।  एकरा चलते दुनों के आपस में झगड़ा हो गईल।  जब अक्षय जिद कइलन तs शुभम पइसा ओकरा पs फेंक दिहलन जवना से अक्षय नाराज हो गइलन.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

टी-शर्ट मौत के कारण बन गईल!

अतवार के अक्षय अवुरी उनुकर भाई प्रयाग कावरपेठ फ्लाइओवर के नजदीक शुभम के फोन कईले। प्रयाग शुभम के चाकू मार के हत्या कs देले।  घटना के बाद दुनो भाई मौका से फरार हो गईले। मायो थाना के अधिकारी बतवले कि बाद में दुनो आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल। उs बतवले कि नागपुर के अलग-अलग थाना में दुनो भाई के नाम पs मामला दर्ज बा।
इहो पढ़ीं: Basti: एक किलोवाट के कनेक्शन पs आइल 7.32 करोड़ रुपिया के बिजली बिल, उपभोक्ता के उड़ गइल होश

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]