Basti: एक किलोवाट के कनेक्शन पs आइल 7.32 करोड़ रुपिया के बिजली बिल, उपभोक्ता के उड़ गइल होश

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 5, 2025

उत्तर प्रदेश के बस्ती के हर्रैया उपकेंद्र से जुड़ल केशवपुर फीडर के रमया गांव के उपभोक्ता के 07.32 करोड़ रुपिया के बिजली बिल मिलल। जब पाठक एक किलोवाट कनेक्शन के मीटर से बिल निकाल के

Share

एक किलोवाट के कनेक्शन पs आइल 7.32 करोड़ रुपिया के बिजली बिल

उत्तर प्रदेश के बस्ती के हर्रैया उपकेंद्र से जुड़ल केशवपुर फीडर के रमया गांव के उपभोक्ता के 07.32 करोड़ रुपिया के बिजली बिल मिलल। जब पाठक एक किलोवाट कनेक्शन के मीटर से बिल निकाल के उपभोक्ता मोलहू के सौंप दिहलस तs उs चौंक गईले। बाद में पता चलल कि गलती के चलते अयीसन भईल बा। 

इहो पढ़ीं: Magh Purnima 2025: माघ पूर्णिमा के दिन एह मंत्रन के करीं जप, बन जाई बिगड़ल काम

एs संबंध में बिजली वितरण प्रभाग हर्रैया के कार्यकारी अभियंता अजय मौर्य सिस्टम में गड़बड़ी के चलते बिल जारी भईल बतवले। मंगल के दिने संशोधन कs दिहल गइल बा. हर्रैया एसडीओ घरेलू उपभोक्ता के 27274 रुपिया के मूल बिल जमा करे के प्रेरणा देले बा। हर्रैया के एसडीओ अजय प्रताप यादव बतवले कि सिस्टम में गड़बड़ी के चलते उपभोक्ता मोलहू के 7 करोड़ 32 लाख रुपिया के बिल जारी भईल, बाकिर बिल के सुधार के मूल बिल घट के 27274 रुपिया कs दिहल गईल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.