- बिहार: CM मंच पs बोलाके पटना DM-SSP के सुनवलें खरी-खरी: नीतीश बोललें- रउआ के सम्मानित कइनी, बाकिर सबसे बेसी गड़बड़ी एहिजा, शपथ लीं लो… वचन पूरा करेम। शराबबंदी के वजह से ‘लोग हमार विरोध करेला, बाकिर हमरा फरक ना पड़ेला’।
- बिहार: यूपी में बाबा-बा गावे वाली अनामिका के बिहार में रोकल गइल; पटना एयरपोर्ट से फेसबुक लाइव कs के बोलली- हमरा से डेरा गइल बिहार सरकार। दिनकर के धरती पs हमार अपमान बा, सभे कवि लो कइल कार्यक्रम के बाइकॉट।
- उत्तर प्रदेश: मैनपुरी उपचुनाव खातिर मैनपुरी अइलें शिवपाल बोललें, हमार सहजोग लेते तs मुख्यमंत्री होखते अखिलेश। भाजपा सरकार पs लगवलें भ्रष्टाचार के आरोप।
- उत्तर प्रदेश: लगातार बढ़त महंगाई पs मायावती बहूते चिंतित, बोलली – अंकुश लगावे के उपाय करे सरकार। कहली – सरकारन के महंगाई के प्रति उदासीनता अनुचित आ दुखद बा।
- झारखंड: रांची के मेसरा में सड़क हादसा में तीन लोगन के मौत, इलाका में पसरल मातम। अब झारखंड में मुख्यमंत्री सुखाड़ राहत योजना खातिर सीएससी के ना देवे के होई 40 रुपिया, सरकार खुद भुगतान करी।
- गुजरात चुनाव खातिर बीजेपी के घोषणापत्र जारी: 5 साल में 20 लाख नौकरी देवे के वादा, छात्रा लोगन के मुफ्त में इलेक्ट्रिक स्कूटी। मजदूरन के 2 लाख तक गारंटी लोन, यूनिफॉर्म सिविल कोड लागू होई। देवभूमि द्वारिका कॉरिडोर के निर्माण के वादा।
- आफताब के 13 दिन के न्यायिक हिरासत: जब श्रद्धा के टुकड़ा फ्रिज में रखल रहे, तब साइकोलॉजिस्ट के डेट कइलस, घरहुँ ले आइल। जंगल से मिलल हड्डी श्रद्धा के, मीडिया रिपोर्ट में फोरेंसिक जांच में पुष्टि के दावा।
- दिग्गज एक्टर विक्रम गोखले के निधन: पुणे के अस्पताल में 18 दिन से भर्ती रहस, आज होई अंतिम संस्कार। 77 साल के उमिर में भइल निधन, पहिलही बुध के चल गइल रहे निधन के खबर।
- ईरान प्रदर्शन रोके खातिर हद पार कर रहल बा: पुलिस आंख फोड़ रहल बिया तs लोग पब्लिक में किस कर रहल बा, एंबुलेंस अस्पताल ना जेल पहुंचा रहल बिया। पैलेट गन से आंहर हो रहल बा लो जुवा प्रदर्शनकारी।
- कोहली के पोस्ट से घबराइल फैंस लो: PAK के खिलाफ वर्ल्ड कप के पारी के इयाद कइलें, लोग पूछल – रिटायर तs नइखन हो रहल। पेवलियन लवटे के फोटो कइलें पोस्ट। फैंस बोलल लो – भाई अइसन तस्वीर मत पोस्ट करs।
साँझ के 10 बड़ खबर
Published on: Nov 26, 2022
बिहार: CM मंच पs बोलाके पटना DM-SSP के सुनवलें खरी-खरी: नीतीश बोललें- रउआ के सम्मानित कइनी, बाकिर सबसे बेसी गड़बड़ी एहिजा, शपथ लीं लो… वचन पूरा करेम। शराबबंदी के वजह से ‘लोग हमार विरोध करेला,
Share
Tags:
big breaking, big news, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






