[the_ad_group id="30365"]

BREAKING: राशन घोटाला ममिला में TMC नेता गिरफ्तार: रेड डाले गइल ED टीम पs भइल रहे हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के नॉर्थ 24 परगना जिला से प्रवर्तन निदेशालय (ED) TMC नेता आ बोंगांव नगर पालिका के पूर्व अध्यक्ष शंकर अध्य के सनीचर छव जनवरी के सबेरे गिरफ्तार कs लेलस। ED आ CRPF के टीम सुक पांच जनवरी के शंकर आ TMC नेता शेख शाहजहां के घरे रेड डाले गइल रहे। एह दौरान उनकर समर्थक लोग अधिकारियन पs हमला कs दिहल।

ED सुक के रात में हमला के लेके बयान जारी कइलस। जांच एजेंसी सोशल प्लेटफॉर्म X पs बतवलस- ‘करीब 800 से 1000 लोगन के भीड़ हत्या करे के इरादा से हमला कइले रहे। भीड़ के लगे लाठी, पत्थर, ईंट जइसन हथियार रहे। हमला में तीन अधिकारियन के गंभीर चोट आइल बा। फिलहाल ओह लोगान के इलाज जारी बा।’

अधिकारी लोग बतावल कि भीड़ ओह लोगन के मोबाइल फोन, लैपटॉप, कैश आ वॉलेट (पर्स) छीन लेलस। एकरा अलावे ओह लोगन के वाहनन के बुरा तरे से क्षतिग्रस्त कs देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]