विश्व प्रसिद्ध सोनपुर मेला में अलग-अलग खेलन के आयोजन कइल जा रहल बा। एही क्रम में प्रमंडल स्तरीय कबड्डी प्रतियोगिता 2024 के आयोजन कइल गइल। एमे मेजबान सारण प्रमंडल के टीम चैंपियन रहल। बुध के सोनपुर मेला के खेल मैदान में सारण प्रमंडल टीम आ पटना प्रमंडल टीम के बीच कबड्डी प्रतियोगिता के आयोजन भइल। एमे सारण टीम 14 पॉइंट से पटना टीम के मात देत चैंपियन के खिताब हासिल कs लेलस।
गौर करे वाला बात बा कि पटना प्रमंडलीय टीम पिछिला 3 बरिसन से मेला कबड्डी चैंपियनशिप के विजेता रहल बिया। जीत के बाद सारण डीएम अमन समीर खिलाड़ियन के कप आ मेडल प्रदान कइलें । एह दौरान सारण मंडल के कबड्डी खेल से जुड़ल सब पदाधिकारी आ खिलाड़ी मवजूद रहलें।
सोनपुर मेला में अबकी बेर प्रमंडल स्तरीय खेल कूद प्रतियोगिता आयोजित कइल जा रहल बा। एमे बिहार के सब 9 प्रमंडल के टीम भाग ले रहल बाड़ी सs। कबड्डी प्रतियोगिता के फाइनल मुकाबला मेजबान सारण आ मेला कप के 3 बेर के विजेता टीम पटना के बीच खेलल गइल। एमे सारण पटना के रोमांचक मुकाबला में 14 पॉइंट से हराके विजेता होखे के गौरव हासिल कइलें।
प्रतियोगिता के बेस्ट प्लेयर के खिताब सारण के दीपक सिंह के दिहल गइल। ओहिजा प्रतियोगिता के बेस्ट डिफेंडर के पुरस्कार पटना के शुभम सिंह के दिहल गइल। मृत्युंजय सिंह के नेतृत्व में आयोजित एह खेल प्रतियोगिता में तकनीकी पदाधिकारी के रूप में राकेश सिंह, कौशलेंद्र, शिव शंकर सिंह, नीरज तिवारी, राजेश मेजर, प्रमोद कुमार, सुजीत कुमार, मुकुलेश कुमार, बीरेन्द्र कुमार मवजूद रहे लो।
इहो पढ़ीं: Mewar Royal Family: राणा कुंभा से लेके महाराणा प्रताप तक से जुड़ल बा मेवाड़ घराना, अब सड़क पs काहे आइल लड़ाई?
समापन समारोह में अतिथि के रूप में डॉ. सुरेश प्रसाद सिंह, महासचिव बिहार भारोत्तोलन संघ, पंकज कश्यप, संयुक्त सचिव बिहार राज्य कबड्डी संघ के जिला खेल पदाधिकारी प्रतीक चिह्न देके सम्मानित कइलें। खिलाड़ियन केसंबोधित करत ऊ खेल के बढ़ावा देवे खातिर जिला प्रशासन, सारण आ कबड्डी संघ के आभार व्यक्त कइलें।