IND vs SL 1st T-20: साल के पहिला T-20 में भारत श्रीलंका के दु रन से हरवलस, डेब्यू मैच में शिवम मावी चार विकेट चटकवलें 

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2023

भारत श्रीलंका के रोमांचक मुकाबला में दु रन से हरवलस  भारत पहिला मैच में श्रीलंका के दु रन से हराके सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेले बा। भारत पहिले बल्लेबाजी करत 162 रन बनवले

Share

भारत श्रीलंका के रोमांचक मुकाबला में दु रन से हरवलस 

भारत पहिला मैच में श्रीलंका के दु रन से हराके सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेले बा। भारत पहिले बल्लेबाजी करत 162 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में श्रीलंकाई टीम 160 रन बना पावल आ दु रन से मैच हार गइल। हार्दिक पांड्या के कप्तानी में भारत साल 2023 में विजयी आगाज कइले बिया आ उम्मीद कइल जाई कि भारत एह साल अइसने प्रदर्शन करे।

मैच में का भइल?

टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत शुभमन गिल आ ईशान किशन के जोड़ी सानदार सुरुआत कइलस। दुनो पहिला ओवर में 17 रन जोड़ल लोग। भारत के पहिला विकेट 27 रन के स्कोर पs गिरल। शुभमन गिल अपना डेब्यू मैच में सात रन बनाके आउट भइलें। एकरा बाद उपकप्तान सूर्यकुमार यादव सात रन बनाके आउट हो गइलें। संजू सैमसन पांच रन बनाके पवेलियन लवटलें। एकरा बाद ईशान किशन 37 आ हार्दिक पांड्या 29 रन बनाके आउट भइल लोग।

दीपक हुड्डा आ अक्षर पटेल के आखिरी ओवरन में ताबड़तोड़ बल्लेबाजी 

94 रन s पांच विकेट गंवाके टीम इंडिया संघर्ष करत रहे। एकरा बाद दीपक हु्ड्डा आ अक्षर पटेल 68 रन के साझेदारी कs के भारत के स्कोर पांच विकेट पs 162 रन तक पहुंचा दिहल लोग। दीपक हुड्डा 41 आ अक्षर पटेल 31 रन बनाके नाबाद रहलें। श्रीलंका खातिर कसून रजिता के छोड़ सब गेंदबाज एक-एक विकेट लिहल लोग।

163 रन के लक्ष्य के पीछा करत श्रीलंका के सुरुआत बहुते खराब रहल। श्रीलंका के पहिला विकेट 12 रन के स्कोर पs गिरल। एकरा बाद 24 रन पs दूसरका आ 47 रन पs तीसरका विकेट गिरल। 68 रन के स्कोर पs श्रीलंका के आधा टीम पवेलियन लवट गइल रहे। अइसन में भारत के जीत लगभग तय हो गइल रहे। बाकिर, वनिंदू हसरंगा आ कप्तान दसून शनाका 40 रन के साझेदारी कs के श्रीलंका के मैच में वापस लेआ दिहल लोग। शिवम मावी आ उमरान मलिक दुनो के आउट कs के भारत के वापसी करावल लोग। बाकिर चमिका करुणारत्ने अंत के ओवरन में बड़ शॉट खेल मैच में जान फूंक देलें। अंत में अक्षर पटेल आखिरी ओवर में 13 रन बचा लेलें आ भारत दु रन से मैच जीत गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.