मशरख में ट्रांसफार्मर रिपेयरिंग खातिर तीन घंटा कटी बिजली, संगही तार बदले के कामो होई

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

मशरख। आज सोमार के तीन घंटा खातिर पावर कट कs के मेंटेनेंस के काम कइल जाई। बिजली विभाग से मिलल जानकारी के अनुसार मशरख के चैनपुर फीडर में बिजली कट कs के मेंटेनेंस के काम

Share

मशरख। आज सोमार के तीन घंटा खातिर पावर कट कs के मेंटेनेंस के काम कइल जाई। बिजली विभाग से मिलल जानकारी के अनुसार मशरख के चैनपुर फीडर में बिजली कट कs के मेंटेनेंस के काम कइल जाये के बा। एकरा के लेके चैनपुर फीडर से पावर कट कइल जाई। एह कारण सबेरे 10 बजे से दुपहरिया एक बजे तक तीन घंटा खातिर बिजली बाधित रही।

विभाग सूचना जारी करत बिजली संबंधित काम के पहिलही निपटा लेवे के सलाह देले बा। एह दौरान मशरख आ इसुआपुर में बिजली बाधित रही। सहायक अभियंता कहलें कि हाई एक्सटेंशन आ लो एक्सटेंशन वायर के मरम्मती होखे के बा। एकरा संगही पावर सब स्टेशन में रेगुलर मेंटेनेंस के काम कइल जाई। काम पूरा होखला के बाद फेर से सेवा बहाल कs दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.