[the_ad_group id="30365"]

Delhi Election 2025: दिल्ली चुनाव खातिर नामांकन के आखिरी तारीख आज, भाजपा जारी करी आपन संकल्प पत्र

Delhi Election 2025: दिल्ली चुनाव खातिर नामांकन के आखिरी तारीख आज, भाजपा जारी करी आपन संकल्प पत्र
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क: दिल्ली में विधानसभा खातिर नामांकन दाखिल करे के आज आखिरी तारीख हs। उम्मीदवारन के जांच 18 जनवरी के कइल जाई। जाएगी। नामांकन वापस लेवे के आखिरी तारीख 20 जनवरी हs। मतदान के तारीख पांच फरवरी आ गिनती के तारीख आठ फरवरी हs। काल्ह तक 841 उम्मीदवार पर्चा भरले रहे लो।\

आज दुपहरिया दु बजे पार्टी के संकल्प पत्र जारी करिहें जेपी नड्डा

भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) आज दिल्ली चुनाव खातिर आपन संकल्प पत्र जारी करी। बतावल जा रहल बा कि भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा आज दुपहरिया दु बजे पार्टी के संकल्प पत्र जारी करिहें।

अब तक 841 उम्मीदवार आपन नामांकन पत्र दाखिल कइल लो

दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर बियफे के 500 उम्मीदवार आपन नामांकन पत्र दाखिल कइलें, जवना से 70 विधानसभा सीट खातिर नामांकन दाखिल करे वाला उम्मीदवारन के कुल संख्या 841 हो गइल बा। दिल्ली के मुख्य निर्वाचन (सीईओ) अधिकारी ई जानकारी देलें।

मनीष सिसोदिया जंगपुरा निर्वाचन क्षेत्र से, गोपाल राय बाबरपुर से आ सौरभ भारद्वाज ग्रेटर कैलाश क्षेत्र से आपन नामांकन दाखिल कइलें। कांग्रेस नेता संदीप दीक्षित नया दिल्ली निर्वाचन क्षेत्र से आपन नामांकन दाखिल कइलें, जहां ऊ ‘आप’ के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल के चुनौती दिहें। ‘आप’ के पूर्व पार्षद ताहिर हुसैन मुस्तफाबाद सीट से ऑल इंडिया मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन (एआईएमआईएम) के उम्मीदवार के रूप में आपन नामांकन पत्र दाखिल कइलें बाड़ें।
Read Also: 8th Pay Commission: मोदी सरकार के कर्मचारियन के तोहफा, आठवां वेतन आयोग के गठन के मंजूरी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]