Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में वकीलन के हंगामा: पुलिस पs अधिवक्ता के हमलावरन के छोड़े के आरोप; इंस्पेक्टर के सस्पेंड करे के मांग

88

गोरखपुर। सिविल कोर्ट परिसर में वरिष्ठ अधिवक्ता रविंद्र दुबे पs भइल हमला के बाद अधिवक्ता लोग विरोध प्रदर्शन कइल। ऊ लोग एसपी सिटी अभिनव त्यागी के ज्ञापन सउपके आरोप लगावल कि पुलिस गंभीर धारा में मुकदमा दर्ज कइला के बादो आरोपियन के थाना से बिना कवनो ठोस कार्रवाई के छोड़ दिहलस। अधिवक्ता लोग लापरवाही के खिलाफ कैंट थाना प्रभारी के निलंबित करे के मांग कइल।

आरोपियन के थाना से जल्दबाजी में छोड़ दिहल गइल

दरअसल, 18 नवम्बर के रविंद्र दुबे पs हमला के साजिश रचे वाला तीन संदिग्ध जुवकन के ममिला सामने आइल रहे। एमे से दुगो जुवकन के अधिवक्ता लोग पकड़ लिहल, जबकि तीसरका जुवक, जवन कथित तौर पs पिस्टल लेके आइल रहे, फरार हो गइल। वकील लोग पकड़ल गइल आरोपियन के जमके पिटाई कइल आ फेर ओकरा के पुलिस के हवाले कs दिहल।

यएह विवाद के बाद पुलिस आरोपियन के खिलाफ हत्या के प्रयास (307) जइसन गंभीर धारा में मुकदमा दर्ज कइलस। बाकिर अधिवक्ता लोगन के आरोप बा कि एकरा बादो पुलिस आरोपियन के थाना से जल्दबाजी में छोड़ देलस, जवना से ओह लोगन के नाराजगी बढ़ गइल।

सुरक्षा के लेके चिंता

एह घटना के बाद कचहरी परिसर में हड़कंप मच गइल आ वकील अपना सुरक्षा के लेके चिंतित बा लो। पुलिस के कार्रवाई पs सवाल उठावल जा रहल बा, खास कs के ई सवाल कि कइसे गंभीर धारा में मुकदमा दर्ज होखला के बादो आरोपियन के बिना ठोस कार्रवाई के छोड़ दिहल गइल। अब ई ममिला तूल पकड़ चुकल बा। अधिवक्ता लोग अधिकारियन से सख्त कार्रवाई के मांग कइले बा लो।

साभार: दैनिक भास्कर

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.