Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पाकिस्तान में आतंकी पैसेंजर गाड़ी पs बरसवलें सs गोली, 38 लोगन के मौत; महिला आ लईका सामिल

88

पड़ोसी मुल्क पाकिस्तान से फेर आतंकी हमला के खबर सामने आइल बा। बतावल जा रहल बा कि बियफे के उत्तर-पश्चिमी पाकिस्तान के कबायली इलाकन में यात्री वैन पs बंदूक से कइल गइल हमला में कम से कम 38 लोगन के मौत हो गइल। कइयन लोगन के घायल होखे के सूचना बा।

प्रारंभिक जानकारी के अनुसार हमला कुर्रम के पाराचिनार से काफिला में जा रहल यात्री वैन के निशाना बनाके कइल गइल। हमला के पुष्टी खैबर पख्तूनख्वा के मुख्य सचिव नदीम असलम चौधरी कइलें। बता दीं कि अफगानिस्तान के सीमा से लागल कबायली इलाका में भूमि विवाद के लेके सशस्त्र शिया आ सुन्नी समुदाय के मुसलमानन के बीच दशकन से तनाव के इस्थिति बनल बा।

कवनो समूह नइखे लेले जिम्मेदारी

पाकिस्तान में भइल एह घटना में अभी ले कवनो आतंकी समूह जिम्मेदारी नइखे लेले। परचिनार के एगो स्थानीय निवासी जियारत हुसैन समाचार एजेंसी रॉयटर्स से फोन पs बात करत बतवलें कि यात्री वाहनन के दु काफिला रहे, एगो पेशावर से परचिनार आ दूसरका परचिनार से पेशावर यात्रियन के ले जात रहे, तबे हथियारबंद लोग ओकरा पs गोली चला देलस।

बिहान भइल रहे आतंकी हमला

बता दीं कि बुध के पाकिस्तान के खैबर पख्तूनख्वा प्रांत में एगो संयुक्त चेक पोस्ट पs आत्मघाती हमला में 12 सुरक्षाकर्मी मारल गइल रहे लो। हमलावर विस्फोटकन से भरल वाहन से चेक पोस्ट में टक्कर मार देलस। एह दौरान छव गो हमलावर मारल गइल रहे।

सेना एह बात के जानकारी नइखे दिहल गइल बा कि एकरा पीछे के रहे, बाकिर एगो इस्लामी समूह हाफिज गुल बहादुर एकर जिम्मेदारी लेले रहस। ई हमला बलूचिस्तान विद्रोहियन के खिलाफ व्यापक सैन्य अभियान के मंजूरी देला के बाद भइल बा। ई निर्णय संघीय शीर्ष समिति के ओर से लिहल गइल। प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ बैठक के अध्यक्षता कइलें। जेमे संघीय मंत्री, मुख्यमंत्री, सेना प्रमुख जनरल सैयद असीम मुनीर आ वरिष्ठ सरकारी अधिकारी भाग लेले रहस।

घायल होखे वालन के अस्पताल पहुंचवलें

एगो अधिकारी बतवलें कि हमलावर मंगर के देर रात बन्नू जिला के मालीखेल में एगो संयुक्त चेक पोस्ट में घुसे के कोसिस कइलस। हालांकि, ऊ प्रवेश करे में विफल रहलें, जवना के बाद चेक पोस्ट से विस्फोटकन से भरल वाहन टकरा दिहल। एसे देवाल के एगो हिस्सा ढह गइल आ आसपास के ढांचा के नुकसान पहुंचल। बाद में गोलीबारी सुरू हो गइल, जेमे छव हमलावर मारल गइल को। हमला में घायल होखे वालन के अस्पताल पहुंचावल गइल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.