कर्नाटक के उडुपी में ANF आ नक्सलियन के बीच भइल मुठभेड़, नक्सली नेता विक्रम गौड़ा मारल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2024

    कर्नाटक के उडुपी जिला के करकला तालुका में स्थित कब्बीनाले गाँव में सोमार के रात नक्सल विरोधी बल (एएनएफ) आ नक्सलियन के बीच भयंकर मुठभेड़ भइल. एह मुठभेड़ में कुख्यात नक्सली नेता विक्रम

Share

 

 

कर्नाटक के उडुपी जिला के करकला तालुका में स्थित कब्बीनाले गाँव में सोमार के रात नक्सल विरोधी बल (एएनएफ) आ नक्सलियन के बीच भयंकर मुठभेड़ भइल. एह मुठभेड़ में कुख्यात नक्सली नेता विक्रम गौड़ा के मउत हो गइल. ई मुठभेड़ सीताम्बेलु के एगो नक्सली इकाई के संदिग्ध गतिविधि के जानकारी मिलला के बाद एएनएफ के टीम एs अभियान के तेज कs देले रहे।

जानकारी के मुताबिक चिकमगलूर जिला के जयपुरा थाना के अधिकार क्षेत्र में एगो नक्सली इकाई एगो दूरस्थ मकान में गईल रहे। एकरा बाद उs लोग कोप्पा तालुका के येदागुंडा गांव में भी घुस गईले, जहां नक्सली जंगल अतिक्रमण अवुरी कस्तूरीरंगन रिपोर्ट से जुड़ल मुद्दा पs चर्चा कईले। एह रिपोर्टन के ध्यान में राखत एह इलाका में नक्सली विरोधी अभियान अउरी तेज हो गइल. इलाका में नक्सल विरोधी तलाशी अभियान के दौरान भइल जब नक्सल आ एएनएफ टीम के बीच गोलीबारी हो गइल.

मुठभेड़ कईसे शुरू भईल?

सोमवार के रात किराना खरीदे खातीर पांच नक्सली के एगो समूह कब्बीनाले गांव में घुसल रहे। गांव में घुसते ही एएनएफ के टीम से मुठभेड़ हो गईल। गोलीबारी के दौरान नक्सली नेता विक्रम गौड़ा के मउत हो गईल, जबकि बाकी नक्सली भागे में कामयाब हो गईले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.