Wedding Invitation Scam: व्हाट्सएप पs आई बियाह के कार्ड तs हो जाईं सावधान, बैंक अकाउंट तक हो जाई खाली
Wedding Invitation Scam: आजकल तमाम चीज डिजिटल हो रहल बा। एकर असर बियाह के न्योतो पs पड़ल बा। लोग अब डिजिटल न्योता लोगन के भेज रहल बा, बाकिर जइसन कि रउआ जानत बानी कि भारत में जवन कवनो चीज लोकप्रिय हो जाला, ओकरा नाव पs ठगी सुरू हो जाला। अब नया स्कैम वेडिंग इनविटेशन के लेके हो रहल बा। एह स्कैम के लेके साइबर पुलिस लोगन के आगाह कइले बा। आईं एह स्कैम के बारे में विस्तार से जानत बानी…
का हs व्हाट्सएप वेडिंग इनविटेशन स्कैम?
दरअसल लमहर समय से लोग व्हाट्सएप पs डिजिटल इनविटेशन कार्ड भेज रहल बा आ अब साइबर ठग एही के फायदा उठा रहल बा लो। साइबर ठग लोगन के बियाह के डिजिटल न्योता व्हाट्सएप पs भेज रहल बाड़ें, बाकिर वास्तव में ई इनविटेशन कार्ड नइखे, बलूक एगो एपीके माने एंड्रॉयड एप्लिकेशन फाइल बा। आमतौर पs डिजिटल इनविटेशन कार्ड पीडीएफ फाइल में होला, बाकिर साइबर ठग लोगन के इनविटेशन कार्ड के नाव पs एपीके फाइल भेज रहल बा लो जवना पs क्लिक कs के बाद लोगन के फोन में एगो एप इंस्टॉल हो रहल बा इहे एप लोगन के जासूसी कs रहल बा।
राउर फोन के पूरा तरे से कंट्रोल कs सकत बा साइबर ठग
हिमाचल प्रदेश के साइबर क्राइम के डीआईजी, सीआईडी आईपीएस मोहित चावला बतवलें कि “स्कैमर्स अब व्हाट्सएप पs एपीके फाइल के रूप में बियाह के निमंत्रण भेज रहल बा। जब ई फाइल डाउनलोड कइल जाला, तs फोन में मैलवेयर एक्टिव हो जाला। एकरा माध्यम से साइबर अपराधी डिवाइस के पूरा तरे से नियंत्रित कs लेलें सs।” एक बेर मैलवेयर एक्टिव होखला के बाद साइबर स्कैमर्स फोन से मैसेज भेज सकत बा लो, निजी डेटा चुरा सकत बा लो आ इहां तक कि बिना फोन मालिक के जानकारी के ओकरा बैंक अकाउंट में सेंध लगा सकत बा।
व्हाट्सएप वेडिंग इनविटेशन स्कैम से कइसे बचीं?
- व्हाट्सएप पs अनजान नंबर से भेजल गइल कवनो निमंत्रण लिंक भा अटैचमेंट पs क्लिक मत करीं।
- अनजान नंबर से आइल एपीके फाइल के डाउनलोड मत करीं।
- केहूओ के आपन निजी जानकारी जइसे- फोन नंबर, आधार नंबर, पैन, जन्म तिथि, लोकेशन आदि मत दीं।
- कवननो सूरत में केहूओ के संगे अपना फोन नंबर पs आइल ओटीपी के जानकारी मत दीं।
- स्कैम होखे भा या स्कैम के संदेह होखला पs हेल्पलाइन नंबर 1930 पs संपर्क करीं।
Comments are closed.