[the_ad_group id="30365"]

IAS Transfer in UP: 10 जिलन के डीएम समेत 14 आईएएस अधिकारियन के तबादला, सूची में देखीं केकरा कहां मिलल तैनाती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राज्य सरकार सनीचर के देर साँझ 10 जिलन के जिलाधिकारी समेत 14 आईएएस अधिकारियन के तबादला कs देलस। बाराबंकी के जिलाधिकारी आदर्श सिंह के बड़ जिम्मेदारी देत झांसी के प्रभारी मंडलायुक्त बनावल गइल बा। हरदोई के जिलाधिकारी अविनाश कुमार बाराबंकी के नया डीएम होइहें।

राजस्व विभाग के सचिव आ राहत आयुक्त रणवीर प्रसाद के प्रदेश के नया आवास आयुक्त आ निदेशक नगर भूमि सीमारोपण बनावल गइल बा। इहां तैनात अजय चौहान के लोक निर्माण विभाग के सचिव बनावल गइल बा। आगरा के जिलाधिकारी प्रभु नारायण सिंह प्रभारी सचिव राजस्व विभाग आ प्रभारी राहत आयुक्त के पद पs भेजल गइल बाड़ें।

गाजीपुर के डीएम मंगला प्रसाद सिंह के हरदोई, संत कबीरनगर के डीएम दिव्या मित्तल के मीरजापुर, भदोही के डीएम आर्यका अखौरी के गाजीपुर के डीएम बनावल गइल बा। एकरा अलावे मथुरा के डीएम नवनीत सिंह चहल अब आगरा के डीएम होइहें। वाराणसी विकास प्राधिकरण के वीसी ईशा दुहन चंदौली के डीएम होइहें।

पीलीभीत के डीएम पुलकित खरे मथुरा के डीएम होइहें। मीरजापुर के डीएम प्रवीन कुमार लक्षकार के पीलीभीत, अलीगढ़ के नगर आयुक्त आ वीसी अलीगढ़ प्राधिकरण गौरांग राठी के भदोही के डीएम आ गोरखपुर विकास प्राधिकरण के वीसी प्रेम रंजन सिंह के संत कबीर नगर के डीएम बनावल गइल बा। चंदौली के डीएम संजीव सिंह के हटाके प्रतीक्षा सूची में रखल गइल बा।

एही क्रम में अखिलेश कुमार चौरसिया के लखनऊ से बरेली भेजल गइल बा आ सत्यार्थ अनिरुद्ध के बरेली से लखनऊ भेजल गइल बा। दूनो अधिकारी नाया जगह पs एक-दूसरा के विभाग संभारी लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]