Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: प्रताड़ना से तंग आ गइल बानी…कs लेब खुदकुशी; महिला सिपाही एलआईयू के एसीपी अउर इंस्पेक्टर पs लगवली आरोप

264

 

एगो महिला सिपाही एलआईयू के एसीपी अउर इंस्पेक्टर पs प्रताड़ना के आरोप लगवले बाड़ी। आरोप बा कि एलआईयू में तैनात महिला आरक्षी वीडियो बनवली । महिला सिपाही कमिश्नर के चिट्ठी भेजली। पुलिस कमिश्नर एह मामिला के जांच एडीसीपी मध्य मनीषा सिंह के सऊंपले।

कमिश्नरेट के लोकल इंटेलीजेंस यूनिट (एलआईयू) में तैनात मुख्य आरक्षी अभिलाषा सिंह  एसीपी एलआईयू अवधेश चौधरी आ इंस्पेक्टर जावेद अख्तर पs प्रताड़ित करे के आरोप लगवले बाड़ी। एह संबंध में ऊ एगो वीडियो मंगर देर शाम के बनवली।  एह वीडियो में उ आत्महत्या करे के बात कहली।

पुलिस कमिश्नर एडीसीपी मध्य मनीषा सिंह के मामिला के जांच सौंपलें। उहे, एसीपी बतवलें कि उनका एह मामला के जानकारी ना बा। तालकटोरा निवासी अभिलाषा सिंह पुलिस कमिश्नर एसबी शिरडकर के चिट्ठी लिखली। एह में आरोप लगवली कि एलआईयू के अधिकारी उनके परेशान करत बाडे। एकर शिकायत लेके दु बार कमिश्नर कार्यालय में गइल, पs ओके पेश ना कइल गइल।

आरोप बा कि एलआईयू के एसीपी अउर कुछ कर्मचारी लोग ओके मानसिक व शारीरिक रूप से प्रताड़ना देत बाड़े। विंग में तैनात निरीक्षक जावेद अख्तर अक्सर ओकरा पs गलत टिप्पणी करेलें । एकर शिकायत एसीपी से कइली त ऊ दरवाजे से ही भगा देलें।

अभिलाषा के आरोप बा कि ऊ फील्ड में तैनात रहे, बकिर एसीपी व निरीक्षक साजिश रचके ओके कार्यालय में अटैच कर दिहलें। सुबह दस से शाम पांच बजे तक बिना कउनो काम के बइठवले रखत रहलें। अपन बच्चा के तीमारदारी खातिर एसीपी के पास तीन दिन के अवकाश के आवेदन लेके गइल। आरोप बा कि आवेदन पत्र के एसीपी बिना देखे फेंक दिहलें अउर भगा दिहलें।

अभिलाषा मंगर साझ के एगो वीडियो बनवली, जेके अपन परिजन आ कुछ परिचित के भेजली। वीडियो में रोवत एलआईयू के अधिकारियन के प्रताड़ना के कहानी बतवली। कहली कि तंग आके खुदकुशी कर लेम। मामिला के जानकारी पुलिस कमिश्नर एसबी शिरडकर के बुध के भइल। एडीसीपी मध्य मनीषा सिंह के जांच सौंपल गइल बा। रिपोर्ट आवे पs कार्रवाई के कइल जाई।

596540cookie-checkUP: प्रताड़ना से तंग आ गइल बानी…कs लेब खुदकुशी; महिला सिपाही एलआईयू के एसीपी अउर इंस्पेक्टर पs लगवली आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.