Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में सुस्ती जारी; सेंसेक्स 75 अंक टूटल, निफ्टी 24950 से नीचे
बाजार में लगातार दूसरको दिन गिरावट लउकल। सबेरे 9 बजके 58 मिनट पs सेंसेक्स के 18.91 (0.02%) अंक गिरके 78,782.12 पs कारोबार करता दिखल। दूसरका ओर, निफ्टी 13.25 अंक फिसलके 24,008.60 पs पहुंच गइल।
अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव आ फेडरल रिजर्व के ब्याज दर के फैसला से पहिले बिदेसी फंड के लगातार निकासी आ निवेशकन के सतर्क धारणा के बीच मंगर के सुरुआती कारोबार में शेयर बाजारन में गिरावट आइल। सुरुआती कारोबार में बीएसई सेंसेक्स 326.58 अंक गिरके 78,455.66 पs आ गइल। ओहिजा एनएसई निफ्टी 86.7 अंक गिरके 23,908.65 पs आ गइल। रुपिया दु पईसा के गिरावट के संगे अपना अब तक के सबसे निचला स्तर 84.13 रुपिया पs पहुंच गइल।
सेंसेक्स के 30 शेयरन में से अदाणी पोर्ट्स, आईटीसी, रिलायंस इंडस्ट्रीज, एचडीएफसी बैंक, पावर ग्रिड आ हिंदुस्तान यूनिलीवर में सबसे जादे गिरावट रहल। जेएसडब्ल्यू स्टील, टाटा स्टील, इंडसइंड बैंक, टाटा मोटर्स, मारुति आ सन फार्मा लाभ में रहल।एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) सोमार के 4,329.79 करोड़ रुपिया मूल्य के इक्विटी बेचल लो। एशियाई बाजारन में, टोकियो, शंघाई आ हांगकांग में सकारात्मक रुख रहल, जबकि सियोल में गिरावट रहल। सोमार के अमेरिकी बाजार गिरावट के संगे बंद भइल।
मेहता इक्विटीज लिमिटेड के वरिष्ठ उपाध्यक्ष (शोध) प्रशांत तापसे कहलें, “अमेरिका में राष्ट्रपति चुनाव खातिर कड़ा प्रतिस्पर्धा होखला के कारण वैश्विक स्तर पs निवेशक बाजार में अस्थिरता बढ़ला के आशंका जता रहल बा लो” वैश्विक तेल मानक ब्रेंट क्रूड 0.12 प्रतिशत बढ़के 75.17 डॉलर प्रति बैरल पs पहुंच गइल।
रिलायंस सिक्योरिटीज के शोध प्रमुख विकास जैन कहलें कि अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव आ एह हफ्ता के अंत में होखे वाला अमेरिकी फेडरल रिजर्व के ब्याज दर निर्णय से पहिले निवेशक सतर्क बनल बा।
सोमार के बीएसई के बेंचमार्क सूचकांक 941.88 अंक भा 1.18 प्रतिशत गिरके 78,782.24 पs बंद भइल, जवन छव अगस्त के बाद के सबसे निचला स्तर बा। निफ्टी 309 अंक भा 1.27 प्रतिशत गिरके 23,995.35 पs बंद भइल।
Comments are closed.