- बिहार: मुज्जफरपुर में केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह सहित 23 लोग बरी; 2014 में रोकले रहे लोग ट्रेन; MP-MLA कोर्ट 9 साल बाद सुनवलस फैसला। तत्कालीन रेल थानाध्यक्ष दर्ज करवले रहस प्राथमिकी।
- बिहार: मनीष कश्यप के ओह मोबाइल के तलाश जवना से विडियो बनवले; EOU यूपी पुलिस के संगे नोएडा के फ्लैट में कइलस छापेमारी, ना मिलल फोन।
- उत्तर प्रदेश: योगी सरकार 2.O के एक साल पूरा: CM योगी आदित्यनाथ कहलें- यूपी उपद्रवियन खातिर ना, उत्सवन के प्रदेश के रूप में जानल जाये के चाहीं।
- उत्तर प्रदेश: लखनऊ यूनिवर्सिटी में NSUI के छात्रन के प्रदर्शन; राहुल गांधी के सदस्यता रद्द होखला पs जतावल लोग नाराजगी; ‘भाजपा मुर्दाबाद’ के लगावल लो नारा।
- झारखंड: पूजा सिंघल के डिस्चार्ज पिटीशन पs फैसला सुरक्षित: ईडी कोर्ट के विशेष न्यायधीश के अदालत में भइली हाजिर, दुनो पक्षन में भइल बहस, तीन अप्रिल के आई फैसला।
- राहुल गांधी बोललें- सावरकर ना गांधी हई, माफी ना मांगेम: कहलें- मोदी आ अडानी पs सवाल पूछत रहेम, सांसदी छीन के डेरवा नइखे सकत लो। 28 मिनट के प्रेस कॉन्फ्रेंस में राहुल 16 बेर मोदी जी, 9 बार प्रधानमंत्री आ 38 बेर अडानी के नाम लेलें।
- केंद्र के निरदेस- सब राज्य कोरोना टेस्टिंग बढ़ावे: 24 घंटा में 1590 मरीज मिलल, ई 146 दिनन में सबसे जादे, 6 मौत भइल। देस में एक्टिव केस- 8,601।
- पटियाला में दिखल अमृतपाल: जैकेट पहिनले आ आंखिन पs चश्मा; जम्मू-इंदौर से 3 हिरासत में, 2 साथी HIV पॉजिटिव निकललें। अमृतपाल के 10 साथियन के 14 दिन के न्यायिक हिरासत।
- पुतिन के स्पीच लिखे वाला अब्बास गैलिमोव मोस्ट वांटेड घोषित: यूक्रेन जंग के खिलाफ बोलला पs रूस लेलस एक्शन, बिदेसी एजेंट बतावल गइल।
- WPL फाइनल में मुंबई, 26 के दिल्ली से मुकाबला: इजाबेल वॉन्ग लेली टूर्नामेंट के पहिला हैट्रिक, नैटली सीवर ब्रंट के ऑलराउंड प्रदर्शन।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Mar 25, 2023
बिहार: मुज्जफरपुर में केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह सहित 23 लोग बरी; 2014 में रोकले रहे लोग ट्रेन; MP-MLA कोर्ट 9 साल बाद सुनवलस फैसला। तत्कालीन रेल थानाध्यक्ष दर्ज करवले रहस प्राथमिकी। बिहार: मनीष कश्यप के
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Breaking Update, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






