UGC NET एग्‍जाम के डेट बदलल: 18 जून के होई परीक्षा, UPSC प्रीलिम्‍स से होत रहे डेट क्‍लैश

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 30, 2024

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी माने NTA UGC-NET परीक्षा के तारीख में बदलाव कs देले बा। 16 जून 2024 (अतवार) के निर्धारित ई परीक्षा अब 18 जून 2024 (मंगर) के होई। UGC चेयरमैन एम जगदीश कुमार सोमार

Share

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी माने NTA UGC-NET परीक्षा के तारीख में बदलाव कs देले बा। 16 जून 2024 (अतवार) के निर्धारित ई परीक्षा अब 18 जून 2024 (मंगर) के होई। UGC चेयरमैन एम जगदीश कुमार सोमार के सोशल मीडिया पs पोस्ट कs के नया तारीख के जानकारी देलें।

एम जगदीश कुमार के ट्वीट के मोताबिक ‘NTA आ UGC कैंडिडेट्स से मिलल फीडबैक के आधार पs तय कइले बा कि 16 जून के होखे वाला UGC नेट के परीक्षा 18 जून 2024 के होई।’ NTA एके दिन में पूरा भारत में OMR मोड में UGC-NET परीक्षा आयोजित करी।

UGC-NET के परीक्षा के टकराव UPSC के प्रीलिम्स परीक्षा के संगे होत रहे, जवना कारण NTA के ओर से एकरा शेड्यूल में बदलाव कइल गइल बा।

10 मई तक कैंडिडेट्स अप्लाय कs सकी लो

20 अप्रिल से UGC-NET खातिर एप्लीकेशन प्रोसेस जारी बा। 10 मई एप्लीकेशन सब्मिट करे के लास्ट डेट बा। एप्लीकेशन फीस जमा करे के लास्ट डेट 11 मई बा। जूनियर रिसर्च फेलोशिप (JRF) भा असिस्टेंट प्रोफेसर खातिर एलिजिबल कैंडिडेट्स एह परीक्षा खातिर ऑनलाइन अप्लाय कs सकत बा लो।

UGC बदल चुका बा PHd एडमिशन के नियम

अब चार साल के ग्रेजुएशन पूरा कs के PhD कइल जा  सकी आ NET एग्‍जाम दे सकी। एकर जानकारी यूनिवर्सिटी ग्रांट कमीशन माने UGC के अध्यक्ष एम जगदीश कुमार देले बाड़ें।

ग्रेजुएशन में 75% मार्क्‍स ले आवल जरूरी होई

नया नियम के मोताबिक अब जूनियर रिसर्च फेलोशिप (JRF) के संगे भा ओकरा बिना PHd करे खातिर उम्मीदवारन के अपना चार साल के ग्रेजुएशन में कम से कम 75% नंबर ले आवे के होई। अभी तक NET खातिर उम्मीदवार के कम से कम 55% मार्क्‍स के संगे मास्टर्स डिग्री के जरूरत होत रहे।

अब स्‍टूडेंट्स ग्रेजुएशन में 75% मार्क्‍स स्‍कोर कs के NET आ PHd कs सकी लो। जवन कैंडिडेट्स तीन साल के ग्रेजुएशन कइले बा लो भा ग्रेजुएशन में 75% से कम मार्क्स बा, ऊ पहिले के तरे 55% स्‍कोर के संगे मास्‍टर्स कs के NET-PHd कs सकी लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.