Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर के रास्ते चली 4 गो फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन: यात्रियन के मिली राहत, जानीं ट्रेन के शेड्यूल

10

गोरखपुर। छठ पूजा पs अपना घरे लवट रहल यात्रियन खातिर रेलवे प्रशासन स्पेशल फेस्टिवल ट्रेनन के संचालन करे के फैसला लेले बा। त्योहारन के एह मवका पs यात्रियन के भीड़ के देखत गोरखपुर से होके न्यू जलपाईगुड़ी-लुधियाना, जयनगर-लुधियाना आ उधना-भागलपुर-उज्जैन के बीच चार गो स्पेशल ट्रेनन के संचालन कइल जाई। रेलवे के एह स्पेशल ट्रेनन के संचालन से गोरखपुर के रास्ते सफर करे वाला लाखन यात्रियन के अपना घरे पहुंचे में सहूलियत मिली।

ई बा ट्रेन के शेड्यूल

ट्रेन 1- न्यू जलपाईगुड़ी-लुधियाना फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन (04695):

ई ट्रेन न्यू जलपाईगुड़ी से चार नवम्बर 2024 के सबेरे 10:00 बजे रवाना होई। एह यात्रा के दौरान ई बारसोई, कटिहार, खगड़िया, समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर, हाजीपुर, छपरा, सीवान, देवरिया सदर, गोरखपुर, सीतापुर, बरेली, मुरादाबाद, सहारनपुर, अम्बाला कैंट आ ढंडारी कला होत लुधियाना पहुंची। एह ट्रेन में 15 कोच सामिल होई, जेमे जनरेटर सह लगेजयान, आठ गो सामान्य द्वितीय श्रेणी के अनारक्षित कोच, एगो शयनयान श्रेणी, दुगो वातानुकूलित तृतीय इकोनॉमी श्रेणी आ दुगो वातानुकूलित चेयरकार सामिल बा।

ट्रेन 2- जयनगर-लुधियाना अनारक्षित फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन (04691):

ई ट्रेन तीन नवम्बर 2024 के रात 11:30 बजे जयनगर से प्रस्थान करी आ अलग-अलग स्टेशनन से होत चार नवम्बर के लुधियाना पहुंची। एमे कुल 12 गो कोच होई, एमे 10 सामान्य द्वितीय श्रेणी के कोच आ दुगो एसएलआर कोच सामिल बा, जवना से यात्रियन के उचित सुविधा मिल सकी।

ट्रेन 3- लुधियाना-जयनगर फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन (04694/04693):

लुधियाना से ई ट्रेन 03 नवम्बर के रात 22:15 बजे रवाना होई आ जयनगर 04 नवम्बर के सबेरे 07:00 बजे पहुंची। एकरा बाद जयनगर से 05 नवम्बर के 10:05 बजे लुधियाना खातिर वापसी होई। एह यात्रा में कुल 22 कोच होई, जेमे 12 वातानुकूलित तृतीय इकोनॉमी श्रेणी, आठ वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के कोच आ एगो जनरेटर सह लगेजयान सामिल बा।

ट्रेन 4- उधना-भागलपुर-उज्जैन अनारक्षित फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन (09019/09020):

ई ट्रेन 04 नवम्बर 2024 के उधना से सबेरे 11:15 बजे प्रस्थान करी आ अलग-अलग स्टेशनन से होत भागलपुर पहुंची। भागलपुर से छव नवम्बर के उज्जैन खातिर लवटी। एह ट्रेन में कुल 22 कोच होई, जेमे 20 सामान्य द्वितीय श्रेणी के कोच आ एगो जनरेटर सह लगेजयान सामिल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.