[the_ad_group id="30365"]

कैमूर में 2 गो मॉडल, सिंगर-गीतकार समेत 9 लो के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कैमूर में अतवार के देर सांझ एगो स्कॉर्पियो बाइक से टकरा के ट्रक से टकरा गईल। दुर्घटना में बाइक सवार समेत 9 जने के मउत हो गईल। मरेवाला लोग में भोजपुरी गायक छोटू पांडेय (35 साल), गीतकार सत्यप्रकाश मिश्र वैरागी (40 साल), मॉडल आंचल तिवारी (23 साल) अवुरी सिमरन श्रीवास्तव भी शामिल बाड़े।

स्कॉर्पियो में भोजपुरी गायकन के पूरा टीम रहे, जे मंगलिक कार्यक्रम में जात रहले आ दुर्घटना के शिकार हो गइले।

कैमूर के डीएम सावन कुमार बतवले कि बाइक के बचावे के कोशिश में स्कॉर्पियो बेकाबू होके ट्रक से टकरा गईल, जवना में बाइक सवार समेत 9 लोग के मौत हो गईल।

दुर्घटना के बाद पुलिस राहत के काम शुरू क देलस। देर रात जिला अधिकारी सावन कुमार, एसपी ललित मोहन शर्मा अवुरी केंद्रीय मंत्री अश्विनी चौबे भी सदर अस्पताल पहुंचले। परिवार के शोक जतवले। अश्विनी चौबे कहलन कि सभे बहुते बढ़िया कलाकार रहलें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]