[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र के रायगढ़ में भीषण हादसा, बांध टूटले के कारन मलबा में दबले 4 गो लइका, 2 गो के भइल मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के रायगढ़ से बड़ खबर आ रहल बा। दरअसल रायगढ़ जिला के उराण तालुका के धुतुम गांव में बांध टूटला से दू गो बचवन के मउत हो गइल बा। पुलिस सोमार के ए संबंध में जानकारी साझा कईलस। संरचना गिरला के बाद 4 बच्चा फंसल पुलिस के कहनाम बा। मलबा के नीचे दबले के चलते दु बच्चा के मउत हो गईल। पुलिस अधिकारी आगे के विवरण साझा करत बतवले कि मलबा के नीचे दफन दुगो अवुरी बच्चा के सुरक्षित निकालल गईल, जवना के बाद उनुका के इलाज खातीर अस्पताल भेज दिहल गईल।

रायगढ़ में बांध टूटले से 2 गो लइकन के मउत 

उरान तालुका के वरिष्ठ पुलिस निरीक्षक सतीश निकम समाचार एजेंसी एएनआई से बतवले कि धुतुम गांव के उरान के लगे बांध टूटला के बाद चार बच्चा फंस गईल बाड़े। समय रहते दु बच्चा के सुरक्षित बचा लिहल गईल अवुरी इलाज खातीर अस्पताल में भर्ती करावल गईल। हालांकि ए दौरान दुगो अवुरी बच्चा के मउत हो गईल। मलबा के नीचे दफनावे के चलते बच्चा के मउत हो गईल। ए घटना के बाद प्रशासन के शीर्ष अधिकारी मउका पs पहुंचल बाड़े अवुरी आगे के जांच होखता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]