[the_ad_group id="30365"]

पंजाब में पराली जरावे के 634 नया मामिला, पुलिस एक हजार से जादा FIR कइलस दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पंजाब में लगातार पराली जरे के मामिला सामने आ रहल बा। सोमवार के पराली जरावे के 634 मामिला सामने आईल। किसान के पराली जरावे से रोके के पुलिस के ओर से लगातार प्रयास के बावजूद राज्य के बहुत इलाक में इs रुझान जारी बा। पंजाब पुलिस के कहना बा कि 8 नवंबर से किसानन के पराली जरावे के खिलाफ 1084 प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा आ 7990 मामिला में 1.87 करोड़ रुपिया के जुर्माना भी लगावल गइल बा।

पराली के मामिला में 28.8 फीसदी के गिरावट 

एकरा बारे में पुलिस विशेष महानिदेशक (कानून व्यवस्था) अर्पित शुक्ला कहले कि पराली जरला के रोके खातीर पुलिस के लगातार प्रयास के बावजूद 634 मामिला दर्ज भईल। दिवाली के बाद इs सबसे कम संख्या बा। पराली जरला पs नजर राखे खातिर शुक्ला के पुलिस के नोडल अधिकारी नियुक्त कइल गइल बा। उ कहले कि, “इ लगातार तीसरा दिन बा जब राज्य में पराली जरे के मामिला में कम से कम 28.8 प्रतिशत के काफी गिरावट दर्ज भईल बा। ” शुक्ला कहले कि पंजाब में शनिवार के 637 अवुरी 637 मामला पराली जरे के मामिला दर्ज भईल अवुरी… अतवार के क्रमशः 740 मामिला दर्ज भईल।

संगरूर में सबसे अधिक संख्या में केस दर्ज

पुलिस विशेष महानिदेशक बतवले कि सोमवार के पराली जरावे के 634 मामिला में सबसे जादा मामिला फाजिल्का में दर्ज भईल बा। अधिकारी बतवले कि फाजिल्का में 168, मोगा में 98, फिरोजपुर में 97, मुक्तसर में 62 आ बठिंडा में 55 मामिला दर्ज भईल बा। जबकि 2021 अवुरी 2022 में राज्य में ए दिन क्रमशः पराली जरे के 283 अवुरी 368 मामिला दर्ज भईल। पंजाब रिमोट सेंसिंग सेंटर के आंकड़ा के मुताबिक, ताजा मामिला के संगे 15 सितंबर से 20 नवंबर तक पराली जरे के कुल मामिला बढ़ के 35,0931 हो गईल बा। पराली जरला के कुल मामिला में सबसे जादा संगरूर में मामिला सामने आईल बा। संगरूर में 5,546, फिरोजपुर में 3,264, बठिंडा में 2,863, मोगा में 2,515 आ बरनाला में 2,226 मामिला दर्ज भइल बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]