[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में सांस लिहल दूभर! जहांगीरपुरी में 428 पहुंचल AQI, कईगो क्षेत्रन में हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली गैस चैम्बर बनल बा। इहाँ वायु प्रदूषण के चलते लोग के सांस लेवे में परेशानी होखता। केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड (सीपीसीबी) के मुताबिक, पूरा दिल्ली में हवा के गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) बहुत क्षेत्र में ‘गंभीर’ श्रेणी में पहुंच गईल बा।

अशोक विहार में 405, जहांगीरपुरी में 428, मेजर ध्यानचंद नेशनल स्टेडियम में 404, द्वारका सेक्टर 8 में 403 एक्यूआई दर्ज भइल बा। दिल्ली के इंडिया गेट के सबेरे के नजारा सामने आ गईल बा, जवना में भारी कोहरा देखाई देता।

मंगल के दिने दिल्ली के हवा के गुणवत्ता 331 दर्ज भइल जवन ‘बहुत खराब’ श्रेणी के संकेत देत बा। केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के मुताबिक अतवार के दिल्ली के आसपास के इलाका में वायु प्रदूषण के स्तर में मामूली गिरावट आईल। बता दीं कि मंगल के दिने दिल्ली के न्यूनतम तापमान 13.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल। दृश्यता 1500 मीटर के रहे।

दिल्ली के जहांगीरपुरी में एक्यूआई 395, पंजाबी बाग में 388, रोहिणी में 381, नेहरू नगर में 376, आनंद विहार में 364, सोनिया विहार में 359, पटपड़गंज में एक्यूआई 358 दर्ज भइल।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]