[the_ad_group id="30365"]

चिह्नित कइल गइलें 62 अपराधी, ढाई हजार करोड़ रुपया के संपत्ति जब्त, दू लोग के फांसी समेत 41 लोग के सजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माफिया के आर्थिक साम्राज्य के ध्वस्त करे खातिर गठित कइल गइल एंटी माफिया टास्क फोर्स अब ले 62 अपराधियन के चिह्नित कs के उनसे ढाई हजार करोड़ रुपया के संपत्ति जब्त कइले बा। एहमें से 41 लोग के अभियान चला के सजा भी दियावल गइल बा। नौ लोग के मुठभेड़ में मौतो भइल बा।

अपर पुलिस महानिदेशक कानून व्यवस्था प्रशांत कुमार बतवलें कि एंटी माफिया टास्क फोर्स के गठन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के निर्देश पर कइल गइल बा। एकर परिणाम ई भइल कि अब ले 21 मुकदमा में 12 माफिया अउर उनके 29 सहयोगियन के सजा दियावल जा चुकल बा। एहमें दू अपराधियन के फांसी के सजा भी शामिल बा।

अब ले चिह्नित कइल गइल अपराधियन के 2524 करोड़ के संपत्ति जब्त कइल गइल बा नाइ त ध्वस्त कइल गइल बा। 70 अपराधियन के जिला बदर, 24 के जमानत निरस्तीकरण अउर 311 के हिस्ट्रीशीट खोलल गइल। जबकि 318 के शस्त्र लाइसेंस निरस्त करावल जा चुकल बा।

प्रशांत कुमार बतवलें कि एह साल अब ले मुख्तार अंसारी से जुड़ल सात मामलन में चार्ज फ्रेमिंग के कार्रवाई कइल गइल बा। एकरे अलावा आकाश जाट, कुंतू सिंह, मुनीर, योगेश भदौड़ा, सुंदर भाटी, अमित कसाना, एजाज, अजीत सिंह, विजय मिश्रा, अनिल दुजाना से संबंधित अपराधियन के अलगे-अलगे मामिला में सज़ा दियावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]