ताइवान में 6.3 तीव्रता के भूकंप :6 घंटा में 80 झटका महसूस कइल गइल; चीन-जापान आ फिलिपींस में कांपल धरती
ताइवान में एह महीना बाद फेर से बड़ भूकंप आइल। देस के पूर्वी तट पs सोमार के सांझ पांच बजे से रात 12 बजे के दौरान 80 से जादे बेर झटका महसूस कइल गइल। एमे सबसे जादे तीव्रता 6.3 आ 6 दर्ज कइल गइल। भारतीय समय के मोताबिक, ई दुनो झटका रात 12 बजे के आसपास कुछ मिनट के अंतराल पs आइल। ताइवान में तब रात के 2:26 आ 2:32 बजे भइल रहे।
मौसम विभाग बतवलस कि भूकंप के केंद्र पूर्वी काउंटी हुलिएन में धरती से 5.5 किलोमीटर नीचे रहे। भूकंप के कारण हुलिएन में दुगो इमारतन के नुकसान पहुंचल बा। एमे एगो बिल्डिंग ढह गइल, तs दूसरका सड़क के ओर झुक गइल। जापान, चीन आ फिलिपींस में हल्का झटका महसूस कइल गइल फिलहाल कवनो नुकसान के खबर नइखे।
3 अप्रिल के आइल भूकंप में 14 लोगन के मौत भइल रहे
एकरा पहिले ताइवान में तीन अप्रिल के 7.5 तीव्रता के भूकंप आइल रहे, एमे करीब 14 लोगन के मौत हो गइल रहे। ओहू समय भूकंप हुलिएन शहर में आइल रहे। एकर केंद्र धरती से 34 किलोमीटर नीचे रहे।
भारतीय समय के मोताबिक सबेरे 5:30 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे। कइयन गो इमारत जमींदोज हो गइल, लैंड स्लाइडो भइल। तब से अब ले ताइवान में सइयन से बेसी झटका महसूस कइल गइल बा।
ताइवानी सेंट्रल वेदर ब्यूरो के मोताबिक, ई ताइवान में 25 साल में आवे वाला सबसे तेज तीव्रता वाला भूकंप रहे। फायर डिपार्टमेंट बतवलस कि हुलिएन में तीन अप्रिल के आइल भूंकप में क्षतिग्रस्त भइल होटल ताजा झटकन के कारण तनिका आउर झुक गइल बा।
Comments are closed.