जम्मू-कश्मीर के सोपोर में दु आतंकी ढेर, दु जवान घायल : दु दिन से चल रहल बा ऑपरेशन, नौपोरा इलाका के घर में आतंकियन के छिपल होखला के रहे सूचना 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2024

उत्तरी कश्मीर के सोपोर में सुरक्षाबल सुक के 26 अप्रिल के दुगो आतंकी मार गिरावल लो। इहां सुरक्षाबलन के ओर से बियफे के ऑपरेशन सुरू कइल गइल रहे। आतंकियन से मुठभेड़ में दुगो जवान घायल

Share

उत्तरी कश्मीर के सोपोर में सुरक्षाबल सुक के 26 अप्रिल के दुगो आतंकी मार गिरावल लो। इहां सुरक्षाबलन के ओर से बियफे के ऑपरेशन सुरू कइल गइल रहे। आतंकियन से मुठभेड़ में दुगो जवान घायल भइल बा लो। एह दौरान एगो नागरिक के कान्ह में गोली लागल। ओकरा के जिला अस्पताल भेजल गइल, जहां से श्रीनगर रेफर कs दिहल गइल। मुठभेड़ अभियो जारी बा।

नौपोरा इलाका में एगो घर के भीतरी आतंकियन के छिपल होखला के सूचना रहे। सुरक्षाबल उहां घेराबंदी कइल लो। आतंकी सुरक्षाबलन पs गोली चलवलें सs आ उहां मुठभेड़ सुरू हो गइल। बियफे 25 अप्रिल के रात अन्हार होखला पs ऑपरेशन रोक दिहल गइल रहे। आज सबेरे फेर से गोलीबारी सुरू भइल, जेमे दुगो आतंकी मारल गइलें सs।

मारल गइल आतंकियन के पहचान नइखे भइल। उहां लश्कर के डिवीजनल कमांडर उस्मान आ लश्कर के संगठन TRF के कमांडर बासित डार के फंसल होखला के जानकारी रहे।

दु दिन पहिलहूं भइल रहे मुठभेड़

एकरा पहिले मंगर के बांदीपोरा के रेंजी अरागाम में आतंकियन से मुठभेड़ में दुगो सैन्यकर्मी घायल भइल रहे लो। पुलिस के बियफे के दुपहरिया बाद पता चलल कि स्वचालित हथियारन से लैस द-तीन आतंकी सोपोर में कवनो जगह अपना संपर्क सूत्र से मिले आइल बाड़ें सs। ई आतंकी चुनाव के दौरान कवनो वारदात के अंजाम देवे के षड्यंत्र रच रहल बाड़ें सs।

सांझ सात बजे के करीब जब सुरक्षाबल तलाशी लेते आगे बढ़ल लो तs मस्जिद से कुछे दूरी पs इस्थित एगो मकान में छिपल आतंकी ओह लोगन पs फायरिंग करत भागे के प्रयास कइलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.