[the_ad_group id="30365"]

मोदी बोललें- विपक्ष विपक्ष में रहे के मन बनवलस: कहलें- कुछ पार्टी संसद सुरक्षा चूक के सपोर्ट कs रहल बाड़ी सs, ई आचरण बहुते खतरनाक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगर के संसद सुरक्षा चूक ममिला पs विपक्ष के घेरलें। भाजपा संसदीय दल के बैठक में ऊ कहलें कि विपक्ष अपना स्थान पs (विपक्ष‌ में) बनल रहे के मन बना लेले बिया। ऊ कहलें कि जे संसद के सुरक्षा में सेंध मरलस, कुछ दल एक तरे से ओकरा समर्थन में आवाज उठा रहल बाड़ी सs। ई सेंधमारी के तरे खतरनाक बा।

भाजपा के संसदीय दल के बैठक संसद लाइब्रेरी परिसर में भइल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संगे रक्षामंत्री राजनाथ सिंह आ भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड‌्डा बैठक में सामिल भइल लो। एह बैठक में पीएम मोदी कहलें कि लोकतंत्र में भरोसा करे वाला हर आदमी के संसद परिसर में भइल घुसपैठ के घटना के निंदा करे के चाहीं, बाकिर कुछ पार्टी सुरक्षा चूक के ममिला के सपोर्ट कs रहल बाड़ी सs।

मोदी कहलें- इंडिया ब्लॉक के टारगेट हमनी के हटावे के बा

पीएम कहलें कि एह पार्टियन के ई आचरण सुरक्षा चूक जेतना डरावना बा। ऊ इहों कहलें कि I.N.D.I.A ब्लॉक के लक्ष्य हमनी के सरकार के हटावे के बा, जबकि हमनी के सरकार के लक्ष्य एह देस खातिर बेहतर भविष्य तइयार कइल बा। विपक्षियन के एह बेवहार से 2024 में एह लोगन के नंबर आउर कम होई। भाजपा के फायदा होई।

एकरा पहिले 7 दिसंबर के भाजपा संसदीय दल के बैठक आयोजित कइले रहे, जेमे PM नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह समेत कइयन मंत्री-नेता मवजूद रहे लो। ई बैठक पांच राज्यन विधानसभा चुनावन के नतीजा अइला के तीन दिन बाद भइल रहे, एहिसे बैठक के सुरुआत में तीन राज्यन में धमाकेदार जीत खातिर नेता लोग PM मोदी के स्वागत कइले रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]