[the_ad_group id="30365"]

BREAKING: झांसी में दूल्हा समेत 4 जिंदा जलले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

झांसी में शुक के देर रात एगो भयानक हादसा हो गईल। बारात के लेके जात दूल्हा के गाड़ी के ट्रक के टक्कर मार दिहलस। जवना के चलते ट्रक अवुरी गाड़ी में आग लाग गईल। कार में बईठल दूल्हा समेत चार लोग के जिंदा जरावल गईल। फिलहाल दु लोग के बचावल गईल बा।

एरच थाना क्षेत्र के बिलाटी गांव निवासी संतोष अहिरवार के बेटा आकाश अहिरवार (25 साल) के बियफे के दिने बियाह हो गइल. रात में बड़ागांव थाना क्षेत्र के छपार गाँव के दुलहिन के घरे उs बियाह के बारात के संगे रवाना हो गईले। गाड़ी में दूल्हा समेत 6 लोग रहले। रात में जब उs लोग कानपुर हाईवे पs पारीछा ओवरब्रिज पहुंचले तs पीछे से आवत एगो ट्रक कार के टक्कर मार देलस। एकरा चलते गाड़ी अवुरी ट्रक में आग लाग गईल।

दुर्घटना में दूल्हा आकाश, उनकर बड़ भाई आशीष अहिरवार (30), आशीष के 4 साल के बेटा मयंक अवुरी कार के ड्रावर जयकरन उर्फ ​​भगत (32 साल) के जिंदा जर गईले। जबकि गाँव के रवि अहिरवार आ रमेश के बचा लिहल गइल. उनुका के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]