[the_ad_group id="30365"]

MP: कार के टायर बदलत रहले, तबे ट्रक मरलस टक्कर, बीजेपी के पूर्व जिला अध्यक्ष के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

लोकसभा चुनाव 2024 के चुनावी हल्ला के बीच मध्य प्रदेश के रायसेन जिला से एगो दुखद घटना सोझा आईल बा। भाजपा के पूर्व जिला अध्यक्ष जयप्रकाश किरार के सड़क दुर्घटना में मउत हो गईल। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक जयप्रकाश किरार उज्जैन के बाबा महाकाल के बाद शनिचर-अतवार के बीच के रात अपना दोस्त के संगे रायसेन लवटत रहले। रायसेन के लगे सांची रोड स्थित गांव खानपुरा में उनकर गाड़ी के टायर पंचर हो गईल। जब उs बदलत रहले तs पीछे से एगो ट्रक उनका के टक्कर मार दिहलस।

उज्जैन महाकाल से लौटत समय दुर्घटना

एह हादसा में किरार गंभीर रूप से घायल हो गईले। तुरंत उनुका के अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। जयप्रकाश किरार भाजपा के जिला अध्यक्ष रहल रहले. उs मूल रूप से विदिशा के निवासी हवे। उनुकर पत्नी अनीती किरार जिला पंचायत अध्यक्ष भी रहल बाड़ी। बतावल जाता कि दुर्घटना रात के करीब 3:00 बजे भईल। उज्जैन महाकाल से लवटत घरी रायसेन से तनी आगे सांची रोड पs गाँव खानपुरा के लगे उनकर गाड़ी पंचर हो गइल. उ अवुरी उनुकर साथी गाड़ी के पीछे के डिगी खोल के टायर बदले के कोशिश करत रहले, जवना के दौरान एगो ट्रक उनुका गाड़ी के पीछे से टकरा गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]