सोमार के सबेरे दिल्ली एनसीआर में तेज भूकंप के झटका महसूस भईल। भूकंप एतना तेज रहे कि लोग जाग के घर से बहरी निकलल। भूकंप के केन्द्र दिल्ली एनसीआर में रहे जवन जमीन से महज पांच किलोमीटर अंदर रहे। एही कारण से दिल्ली में भूकंप के तेज भूकंप महसूस भईल।
राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र के मुताबिक नई दिल्ली में सबेरे 5.36 बजे भूकंप के झटका महसूस भईल। भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.0 रहे। भूकंप के केन्द्र दिल्ली रहे। दिल्ली एनसीआर के संगे हरियाणा अवुरी पंजाब के कुछ इलाका में भूकंप के झटका महसूस भईल। चंडीगढ़ में भी भूकंप महसूस कइल गइल।
इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क
EQ of M: 4.0, On: 17/02/2025 05:36:55 IST, Lat: 28.59 N, Long: 77.16 E, Depth: 5 Km, Location: New Delhi, Delhi.
— National Center for Seismology (@NCS_Earthquake) February 17, 2025
For more information Download the BhooKamp App https://t.co/5gCOtjdtw0 @DrJitendraSingh @OfficeOfDrJS @Ravi_MoES @Dr_Mishra1966 @ndmaindia pic.twitter.com/yG6inf3UnK
दिल्ली भूकंप के केन्द्र रहे
राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान के मुताबिक इs भूकंप सबेरे 05:36 बजे आईल बा। एकर केंद्र दिल्ली से 5 किमी दूर बा। गहराई से रहल बा। ई भूकंप दिल्ली-एनसीआर में अक्षांश: 28.59 उत्तर, लंबाई: 77.16 पूर्व, गहराई: 5 किमी पs आइल। दिल्ली भूकंप के केन्द्र रहे, एहीसे इहाँ के लोग बहुत देर ले भूकंप के महसूस करत रहले।