[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : धार्मिक कार्यक्रम से लवटत भीड़ पs पथराव, 10 से जादे घायल; एक गंभीर, जमुई में इंटरनेट बंद

Bihar News : धार्मिक कार्यक्रम से लवटत भीड़ पs पथराव, 10 से जादे घायल; एक गंभीर, जमुई में इंटरनेट बंद
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जमुई के झाझा प्रखंड के बलियाडीह में अतवार के सांझ धार्मिक संगठन के लोगन पs दूसरका पक्ष के लोग ईंट पत्थर से हमला कs दिहल। एम 10 से जादे धार्मिक संगठन के लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। स्थानीय लोगन द्वारा सभे के इलाज खातिर सदर अस्पताल ले आवल गइल। इहां डॉक्टर एगो हालत गंभीर होखला पs ओकरा के बेहतर इलाज खातिर पटना रेफर कs दिहल गइल। एने, घटना के बाद इलाका में तनाव उत्पन्न हो गइल। एगो पक्ष के लोग बाजार बंद करवा दिहल। ऊ आरोपियन के गिरफ्तारी के मांग रहल बा लो। दुनो पक्षन के लोग एक दूसरा के दोषी बता रहल बा।

इंटरनेट सेवा बंद कइल गइल

एने, सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ जांच में जुट गइल बा। जमुई एसपी के निरदेस पs इलाका में अतिरिक्त पुलिस बलन के तैनात कs दिहल गइल बा। पुलिस बलियाडीह आ एकरा आसपास के इलाकन में कैंप कs रहल बिया। जमुई एसपी माहौल खराब करे वाला लोगन के गिरफ्तारी के निरदेस दिहल गइल बा। पुलिस कुछ संदिग्धन के ठिकाना पs छापेमारी कs रहल बिया। ओहिजा, जमुई जिलाधिकारी तनाव के देखत इंटरनेट सेवा बंद कs देले बा। दुनो पक्षन के लोगन से शांति बनाके रखे के अपील कइले बा लो।

10 से जादे जुवक घायल

बतावल जा रहल बा कि अतवार के सांझ धार्मिक संगठन के करीब 30 जुवक झाझा के बलियाडीह में भगवान के पाठ कs के स्कॉर्पियो से लवटत रहे लो। तबे दूसरका पक्ष के मोहल्ला के लगे दाेसर पक्ष के सइयन लोग ईंट पत्थर से हमला कs दिहल। एमे स्कॉर्पियो में सवार 10 से जादे जुवक घायल हाे गइल लो। आनन-फानन में एकरा संगे वाला आउर जुवक अस्पताल में भरती करवाल। घायल के पहचान जमुई नगर परिषद के उप मुख्य पार्षद नीतीश साह, धार्मिक संगठन के संयोजक खुशबू पांडे आ इनका सहजोगी के रूप में भइल बा। सोमार के सबेरे जिला मुख्यालय सहित जिला के सब प्रखंड में बाजार बंद कs के आरोपी के गिरफ्तारी के मांग कs रहल बा लो।

Read Also: Champions Trophy: अभ्यास सत्र के दौरान एह स्टार भारतीय बल्लेबाज के लागल चोट, दर्द से कराहत लउकलें

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]