[the_ad_group id="30365"]

दू साल में जबरन धर्मांतरण के 291 मामिला दर्ज, 507 आरोपी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में पिछले दू साल में जबरन धर्मांतरण के 291 मामिला दर्ज कइल गइल बा। एह मामलन में कुल 507 लोग के गिरफ्तारी कइल गइल। अब ले 150 मामिला में अभियुक्त लोग जबरन धर्म परिवर्तन करावे के बात कुबूल कइले बानें।
सरकारी विज्ञप्ति के अनुसार प्रदेश में 59 अइसन मामिला दर्ज कइल गइल, जौन नाबालिगन के धर्म परिवर्तन से संबंधित रहल। बरेली जिला में सर्वाधिक अइसन मामिला दर्ज कइल गइल रहे। गौरतलब बा कि नवंबर 2020 में उत्तर प्रदेश विधि विरुद्ध धर्म संपरिवर्तन प्रतिषेध कानून लागू कइल गइल रहे।
एकरे तहत दोषी पावल गइले पर 10 साल तक के जेल अउर 15 से 50 हजार रुपया ले के जुर्माना के प्रावधान बानें। उहवें अंतर-धार्मिक विवाह करे वाले जोड़न के शादी कइले से दो महीना पहिले जिला मजिस्ट्रेट के बतावे के रहsला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]