[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में 27 शिक्षक मिलले अनुपस्थित, मांगल गइल स्पष्टीकरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जनपद के विभिन्न परिषदीय विद्यालयन का विभागीय अधिकारी लोग टीम बना के निरीक्षण कइलें। 21 से 27 जुलाई तक भईल प्रेरणा पोर्टल निरीक्षण में कुल 27 शिक्षक, शिक्षामित्र अउरी अनुदेशक अनुपस्थित पावल गइलें। बीएसए  एसे स्पष्टीकरण तलब कइलें। साथ ही एक्के दिन के वेतन कटले के निर्देश देहल गइल बा।

बुधवार के बीएसए हरिश्चंद्र नाथ बतवले कि 22, 23, 25, 26 व 27 जुलाई के टीम बना के परिषदीय स्कूलन के जांच कईल गईल। टीम में सब विकास खंड के बीईओ के अलावा मेडिकल ऑफिसर इंचार्ज प्राथमिक हेल्थ सेंटर पथरदेवा, बीडीओ बरहज, डीसी कम्युनिटी, एडीओ पंचायत लार भी शामिल रहले।

प्रेरणा पोर्टल के जरिए कईल गइल निरीक्षण में कुल 27 अध्यापक, अध्यापिका, शिक्षामित्र व अनुदेशक बिना कौनों सूचना के अनुपस्थित पावल गइलें। इनका विवरण प्रेरणा पोर्टल पर भी अंकित कइल गईल बा।

एह सबके एक दिन के वेतन कटले अउरी कारण बताओ नोटिस कईल गईल बा। सात दिन के अंदर एनके स्पष्टीकरण के जवाब देवे होई। अईसन नाइ कइल गइले पर उनके विरुद्घ विभागीय नियम के अंतर्गत कार्रवाई कईल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]