Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बीएचयू में घर बइठल छात्रन के मिल सकी लाइब्रेरी के सुविधा

2,375

बीएचयू के छात्रन के अब घर बइठल लाइब्रेरी के सुविधा मिल सकी। ई-लाइब्रेरी के माध्यम से ही ऊ केंद्रीय ग्रंथालय में ई रिसोर्स के उपयोग जरूरत पड़ले पर क सकत बाने। केंद्रीय ग्रंथालय के ओर से ई-लाइब्रेरी पोर्टल के उपयोग के बारे में आयोजित कार्यशाला में छात्रन के ई रिसोर्स के उपयोग के जानकारी देहल गइल।

विश्वविद्यालय के ग्रंथालयी डॉ. देवेंद्र कुमार सिंह कहलें कि केंद्रीय ग्रंथालय द्वारा ई-रिसोर्स उपयोग के अउरी सुविधाजनक बनावे खातिर ई कार्यशाला काफी उपयोगी साबित होई। विश्वविद्यालय में संस्थान, संकाय में ई-लाइब्रेरी पोर्टल पर कार्यशाला के आयोजन करावल जाई।

ई- लाइब्रेरी साफ्टवेयर, डेवलपर एंड सीईओ मोहित शर्मा विद्यार्थियन के ई-लाइब्रेरी के प्रभावी उपयोग के बारे में बतवले। छात्र-छात्रा लैपटॉप, मोबाइल आ टैब के माध्यम से लॉगिन कके एह सुविधा के कौनों समय कहीं से भी लाभ उठा सकत बाने। ई-रिसॉर्स के सिंगल विंडो सर्च के माध्यम से 16156 ई-जर्नल, 82304 ई-बुक, 131855 विडियो लेक्चर्स, 781234 ई-थिसिस, 2299 रिपोर्ट्स अउरी 27 डाटाबेस के प्राप्त कइल जा सकत बा।

301740cookie-checkबीएचयू में घर बइठल छात्रन के मिल सकी लाइब्रेरी के सुविधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.