25 फरवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 25/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

रात के 02 बजके 41 मिनट में,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- बुध।

रोहिणी नक्षत्र

दिन के 01 बजके 38 मिनट ले,

ओकरा बाद म्रृगशीर्षा नक्षत्र।

विष्कुम्भ जोग

रात के 01 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 26/02/2026

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

रात के 12 बजके 33 मिनट ले।

दिन- बियफे।

म्रृगशीर्षा नक्षत्र

दिन के 12 बजके 11 मिनट ले।

प्रीति जोग

रात के 10 बजके 33 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। नौकरी-पेशा लोगन के अफसर से तारीफ मिल सकेला। परिवार में सुख-शांति बनल रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पइसा के ममिला में सावधानी रखीं। फालतू खरचा बढ़ सकेला। सेहत ठीक रही, बाकिर थकान महसूस होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन फायदेमंद बा। नया काम सुरू करे के सोच सकत बानी। संघतिया से सहजोग मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भावनात्मक रूप से दिन तनिका कमजोर रह सकत बा। घर-परिवार के बात मन पs मत लीं। धैर्य से काम लीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़े वाला दिन बा। नौकरी आ बिजनेस में तरक्की के जोग बा। समाज में पहचान मजबूत होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कामकाज में व्यस्तता बनल रही। सेहत पs ध्यान दीं, खास कs के पेट से जुड़ल दिक्कत हो सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज प्रेम संबंध खातिर दिन अनुकूल बा। जीवनसाथी के सहजोग मिली। रुकल काम पूरा हो सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज सावधानी जरूरी बा। केहूओ पs जरूरत से जादे भरोसा मत करीं। वाहन चलावत घरी सतर्क रहीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य आज पूरा साथ दी। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। जतरा के जोग बन रहल बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर परिणाम रउआ पक्ष में रही। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया मवका मिल सकेला। बिजनेस में लाभ के जोग बा। परिवार के संगे समय बिताईं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन तनिका परेसान रह सकत बा। धेयान आ योग से फायदा मिली। खरचा पs कंट्रोल रखीं।

Read Also: Plane Crash : अंडमान के समुंदर में हेलीकॉप्टर हादसा, 7 लोग सवार रहे, सब केहू सुरक्षित

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-